[the_ad_group id="30365"]

सड़क हादसा में बाल-बाल बचे बरेली सांसद छत्रपाल गंगवार, देर रात कार के भइल एक्सीडेंट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरेली के सांसद छत्रपाल गंगवार देर रात दिल्ली में केंद्रीय मंत्री नितिन गडकरी से मुलाकात के बाद अपना घरे लवटत रहले। फेर झूमका चौराहा के लगे एगो तेज रफ्तार आर्टिका गाड़ी उनका के सामने से टक्कर मार दिहलस जवना के चलते गाड़ी के नुकसान हो गइल। हालांकि सांसद आ गाड़ी में सवार केहु के कवनो चोट नइखे आइल। पुलिस आरोपी युवक के हिरासत में ले लेले बिया।

दिल्ली में केंद्रीय मंत्री नितिन गडकरी से भेंट क के घरे लवटत बरेली के सांसद छत्रपाल गंगवार के देर रात झूमका चौराहा का लगे तेज रफ्तार से आवत आर्टिका कार सामने से धक्का मार दिहलस जवना के चलते गाड़ी के नुकसान हो गइल। सौभाग्य रहे कि सांसद आ गाड़ी में सवार केहु के के कवनो चोट ना आइल।

जइसही सांसद के सड़क दुर्घटना के शिकार होखे के जानकारी सीबी गंज पुलिस तक पहुंचल, टीम तुरंत उहाँ पहुंच गइल। गाड़ी के साइड में ले जाइल गइल। मौका पs भाजपा के ढेर नेता आ व्यापारीयो पहुंचले। एहऽ अराजकता के बीच आर्टिका के सवार गाड़ी के संगे भागे के कोशिश करे लागल।

आरोपी शराब के नशा में रहले

सांसद के ड्राइवर भवानी, पीए नरेंद्र आ गनर आरोपी के पकड़ लेले। दुर्घटना रात के 12:50 बजे भइल। सीबीगंज के इंस्पेक्टर राजबली बतवले कि आर्टिका के सवार शेरगढ़ निवासी संतोष कुमार के पकड़ल गइल बा। उऽ बरेली के शाही अस्पताल में आ गइले। इहाँ से वापस शेरगढ़ जात रहले। आरोपी शराब के नशा में बा। सौभाग्य रहे कि चौराहा पs रहला के चलते सांसद के गाड़ी बहुत कम रफ्तार से चलत रहे जवना के चलते सभे कोई बाल – बाल बचल। एह मामला में आगे के कानूनी कार्रवाई कइल जाता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]