[the_ad_group id="30365"]

Bar in Office: गुरुग्राम के दफ्तरन में खुलल बार, ऑफिस के दौरान पी सकेनी शराब, सरकार बनवलस नया पॉलिसी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

हरियाणा सरकार के नया आबकारी नीति के तहत अब कार्यालय में बार खोलल जाई। बड़का कॉरपोरेट कार्यालयन में बार के सुविधा मिल जाई। एकरा खातिर गुरुग्राम में 100 से अधिका आवेदक बाड़े।

अब कर्मचारी अपना कार्यालय में बियर के गिलास पी के साथियन के साथे ठंढा होखे के मजा ले सकेलें काहे कि हरियाणा सरकार बड़हन कॉरपोरेट कार्यालयन के भीतर बियर बार खोले के अनुमति दे दिहले बिया।

नया आबकारी नीति के तहत अब बड़का कॉरपोरेट कार्यालयन में बार के सुविधा मिल जाई। गुरुग्राम में 100 से अधिक आवेदक बाड़े। शहर के एमजी रोड, साइबर हब, सोहना रोड, उद्योग विहार आ मानेसर में बड़ कॉरपोरेट ऑफिस ऑफिस बा। एक लाख वर्ग फुट आ पांच हजार कर्मचारी होखला के बाद ही इ सुविधा उपलब्ध होई।

एकरा खाती कुछ शर्त भी राखल गईल बा। एक लाख वर्ग फीट आ पांच हजार कर्मचारी होखला के बाद ही इ सुविधा उपलब्ध होई। एतना बड़ जगह वाला कंपनी बहुत कम होखेला, लेकिन एक से डेढ़ एकड़ के बड़ भूखंड पे अगर फर्श के जगह पांच से दस मंजिला होखे त ओकर संख्या बढ़ के 100 से जादे हो जाला। नया नीति में 12 जून के बाद ए सुविधा खातीर आवेदन कईल जा सकता। एकरा तहत अब आपके बीयर, शराब अवुरी रेडी टू ड्रिंक के सुविधा खुद ऑफिस में मिल जाई। बतावल जाता कि देश में पहिला बेर हरियाणा में अयीसन होखता।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]