[the_ad_group id="30365"]

मथुरा में आम लोग के जइसे बांकेबिहारी मंदिर पहुंचले पूर्व डीजीपी सुलखान सिंह, गोपनीय तरीका से कइलें जांच

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वृंदावन में श्रीकृष्ण जन्माष्टमी पर ठाकुर बांकेबिहारी मंदिर के मंगला आरती के समय भइल हादसा के ले के खुफिया विभाग सक्रिय बा त उनवें हादसा से संबंधित सब तथ्य जुटावे खातिर मंगलवार के आम लोग जइसन पूर्व डीजीपी सुलखान सिंह बांकेबिहारी मंदिर पहुंचलें। ईहां उ मंदिर में मौजूद लोग से पूछताछ कइलें। एह दौरान सीसीटीवी फुटेज भी देखलें।

पूर्व डीजीपी सुलखान सिंह गोपनीय तरीका से बांके बिहारी मंदिर पहुंचलें। पांचों गेट के निरीक्षण कइलें। कंट्रोल रूम भी पहुंचलें। उहां से सीसीटीवी फुटेज लिहलें। मंदिर में मौजूद लोग से पूछलें कि कौने तरे हादसा भइल। एकरे बाद उहां से निकल अइलें। मानल जा रहल बा कि एकरे बाद प्रशासनिक अधिकारियन से भी बात कइलें।

बता देई कि मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ पूरे प्रकरण के जांच खातिर कमेटी गठित कइले बानें। ई कमेटी पूर्व डीजीपी सुलखान सिंह के अध्यक्षता में गठित कइल गइल बा, जेमें अलीगढ़ के कमिश्नर गौरव दयाल भी शामिल रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]