[the_ad_group id="30365"]

Bangladesh: ‘हमनीं साथे लड़नी आ साथही रहब’, हिंदुअन के लेके मोहम्मद यूनुस छात्रन से कइले भावुक अपील

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मोहम्मद यूनुस आन्दोलित छात्रन से अल्पसंख्यक हिन्दू, ईसाई आ बौद्ध के बचावे के अपील कइलन आ जनता से राष्ट्रीय एकता मजबूत करे के भावनात्मक अपील कइलन।

अब बांग्लादेश में अल्पसंख्यकन के खिलाफ होखत हिंसा के खिलाफ बांग्लादेश के हिन्दू समुदाय आ बाकिर अल्पसंख्यक एकजुट हो गइल बा। शनिचर के दिने अल्पसंख्यक समुदाय के लाखों लोग सड़क पs निकल के विरोध जतवले आ आपन एकजुटता देखा दिहले। बांग्लादेश के राजधानी ढाका आ देश के दुसरका बड़हन शहर चटगाँव में अल्पसंख्यकन के खिलाफ होखत हिंसा का खिलाफ भारी संख्या में लोग सड़क पर उतरल आ विरोध कइल।

मोहम्मद यूनुस एगो भावुक अपील कइले

बांग्लादेश के अंतरिम सरकार के नेता मोहम्मद यूनुस अल्पसंख्यकन के खिलाफ होखत हिंसा पs नाराजगी जतवले आ एकरा के घिनौना बतवले। मोहम्मद यूनुस आन्दोलित विद्यार्थियन से अल्पसंख्यक हिन्दू, ईसाई आ बौद्ध के बचावे के गोहार लगवले आ कहले कि का ई हमनी के देश के लोग ना ह? देश के बचाइब त कुछ परिवार के ना बचाइब?…रउरा कहे के चाही कि केहु के कवनो नुकसान ना होई। उहो हमनी के भाई हउवे। हमनी के एक संगे लड़नी आ एक संगे रहब।

शेख हसीना के सरकार गिरला के बाद से अल्पसंख्यक निशाना पऽ बाड़े

मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक बांग्लादेश में शेख हसीना के सरकार गिरला के बाद से देश के 52 जिला में अल्पसंख्यक के खिलाफ हिंसा के 205 घटना भइल बा। एह हिंसा के घटना में सैकड़न अल्पसंख्यक घायल हो चुकल बाड़े आ बहुत घर तबाह हो चुकल बा। कई गो हिन्दू मंदिरन के निशाना बनावल गइल बा। हिंसा के घटना में शेख हसीना के पार्टी अवामी लीग के दुगो हिन्दू नेता के मौत हो चुकल बा। हिन्दू समुदाय के हजारों लोग देश छोड़े के योजना बनावत बाड़े।

शनिचर के दिने ढाका में अल्पसंख्यक समुदाय के भारी संख्या में लोग सड़क पर उतरल। प्रदर्शनकारी अल्पसंख्यक के खिलाफ हिंसा करेवाला लोग पs तुरंत आ कड़ा कार्रवाई करे के मांग कइले। संगही संसद में 10 प्रतिशत सीट अल्पसंख्यक खाती आरक्षित होखे के चाही। अल्पसंख्यक संरक्षण कानून बनावे के चाहीं। कई घंटा तक प्रदर्शनकारी सड़क जाम कऽ देले। एह दौरान बहुत मुसलमान आ छात्र अल्पसंख्यक के समर्थन कइले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]