Ballon d’Or 2022: फ्रांस के करीम बेंजेमा जीतलें श्रेष्ठ फुटबालर के बैलेन डि ओर पुरस्कार

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 22, 2022

फ्रांस के करीम बेंजेमा के सोमार के इहां दुनिया के श्रेष्ठ फुटबालर के रूप में बैलेन डि ओर पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल। रियल मैड्रिड के पिछले वर्ष चैंपियंस लीग अउर ला लीगा में कामयाबी

Share

फ्रांस के करीम बेंजेमा के सोमार के इहां दुनिया के श्रेष्ठ फुटबालर के रूप में बैलेन डि ओर पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल। रियल मैड्रिड के पिछले वर्ष चैंपियंस लीग अउर ला लीगा में कामयाबी दियावे वाले बेंजेमा 24 साल बाद ई प्रतिष्ठित पुरस्कार जीते वाले पहिले फ्रांसीसी फुटबालर बानें। एसे पहले जिनेदिन जिदान ई पुरस्कार जीतले रहनें।
अब ले कुल पांच फ्रांसीसी फुटबालर ई ट्रॉफी जीत चुकल बानें। घोषणा के बाद बेंजेमा अपनी मां अउर बेटा के भी मंच पर बुलवलें। सोमार के भइल समारोह में जिदान ही उनके ई ट्रॉफी देहलें। बेंजेमा कहलें कि ई पुरस्कार पा के हमके अपने काम पर नाज हो रहल बा। ई हमरे बचपन के सपना रहल। हमार दू रोल मॉडल रहल बाने, एक त जिदान अउर दूसरा रोनाल्डो। हम यकीन रखेनी कि कुछ भी संभव बा।

बार्सिलोना के एलेक्सिया लगातार दूसरा बेर जीतली ट्रॉफी

महिला वर्ग में बार्सिलोना के कप्तान एलेक्सिया पुटेलास लगातार दूसरा बरिस ई ट्रॉफी जीतली। लगातार दू बेर सम्मान पावे वालीं ई पहिला महिला फुटबालर हई।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.