[the_ad_group id="30365"]

बलिया वसूली कांड: लापरवाही पऽ एसपी स्वाट टीम के कइले भंग, सब सात पुलिसकर्मियन के कइले लाइन हाजिर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बलिया रंगदारी मामला में कार्रवाई के प्रक्रिया बंद होखे के कवनो संकेत नइखे देखाई देत। मामला में लापरवाही के चलते एसपी स्वाट टीम के भंग कऽ के टीम के सात पुलिसकर्मी के लाइन हाजिर कइले बाड़े

पुलिस अधीक्षक विक्रांत वीर स्वाट टीम के भंग कऽ देले बाड़न। एसपी अपना टीम के प्रभारी आ 6 सिपाही के लाइन में लगा देले बाड़े। इ जानकारी मिलते विभाग में हलचल मच गइल।

स्वाट टीम के काहे भंग कइल गइल आ टीम के सातों पुलिस जवान के लाइन पs काहे भेजल गइल बा। विभागीय अधिकारी एह बारे में कुछ कहे से परहेज करतारे, बाकिर सूत्र के कहनाम बा कि इ कार्रवाई नरही रंगदारी कांड से जुड़ल बा। एकरा के देखत एसपी बड़ कार्रवाई कइले बाड़न।

सूत्र के दावा बा कि नरही रंगदारी मामला में स्वाट टीम के लापरवाही प्राइमा फेसी में सोझा आइल बा। डीआईजी के कार्रवाई से पहिले टीम ना तऽ विभाग के उच्च अधिकारी के अइसन जानकारी दिहले आ ना अपना स्तर से कवनो कार्रवाई कइले। एकरा के गंभीरता से लेके एसपी टीम के भंग करे के आदेश जारी कइले बिया।

लाइन में भेजल गइल लोग में स्वाट टीम के सब इंस्पेक्टर आ प्रभारी कौशल कुमार पाठक, मुख्य सिपाही जसवीर, मुख्य सिपाही लवकेश पाठक, सिपाही महेश कुमार, श्याम कुमार, शशि भूषण आ मंजीत कुमार शामिल बाड़े। दूसर ओर पुलिस अधीक्षक विक्रांत वीर एह कार्रवाई के पुष्टि करत कहले कि टीम के लेके कुछ शिकायत मिलल बा, जवना के चलते कार्रवाई भइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]