[the_ad_group id="30365"]

Bajaj Finserv अब बेच सकी म्यूचुअल फंड, सेबी कारोबार सुरू करे के देलस लाइसेंस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bajaj Finserv: वित्तीय सेवा कंपनी बजाज फिनसर्व लिमिटेड के एगो बड़ कामयाबी मिलल बा। बजाज फिनसर्व लिमिटेड के भारतीय प्रतिभूति एवं विनिमय बोर्ड (सेबी) से म्यूचुअल फंड कारोबार में डील करे के अनुमति मिल गइल बा। कंपनी कहले बा कि एसे सेबी से अंतिम रजिस्ट्रेशन हासिल हो गइल बा।

फर्म एगो बयान में कहलस कि कंपनी बजाज फिनसर्व म्यूचुअल फंड बैनर के तहत कारोबार संचालित करी। बजाज फिनसर्व म्यूचुअल फंड (Bajaj Finserv Mutual Fund), बजाज फिनसर्व एसेट मैनेजमेंट लिमिटेड (बीएफएएमएल) के संगे मिलके निवेशकन के जल्दिये आ नॉन एक्टिव दुनो क्षेत्रन में इक्विटी, डेट आ हाइब्रिड फंड सहित म्यूचुअल फंड उत्पादन के विकल्प उपलब्ध कराई।

एगो आउर एसेट मैनेजर के एंट्री

बजाज के सेबी के ओर से ‘गो अहेड’ दिहल गइला के संगही म्यूचुअल फंड इंडस्ट्री में अब एगो बड़ एसेट मैनेजर के एंट्री होखे जा रहल बा। एगो आंकड़ा के मोताबिक, इंडस्ट्री में 42 एसेट मैनेजमेंट कंपनी बाड़ी सs। बजाज फिनसर्व म्यूचुअल फंड, बजाज फिनसर्व एसेट मैनेजमेंट (BFAM) के संगे इनवेस्टमेंट मैनेजर के रूप में सक्रिय आ निष्क्रिय, दुनो सेगमेंट में अलग-अलग म्यूचुअल फंड स्कीमन के लॉन्च करे के उम्मीद बा।

बजाज फिनसर्व के अध्यक्ष आ प्रबंध निदेशक संजीव बजाज कहलें कि सेबी से अनुमोदन कंपनी खातिर रणनीतिक रूप से महत्वपूर्ण बा। कंपनी अपना व्यवसायन के माध्यम से 100 मिलियन से बेसी ग्राहकन के बचत, वित्तपोषण, सुरक्षा आ धन के सृजन सहित कइयन तरे के वित्तीय समाधान प्रदान करत बिया।

का हs बजाज फिनसर्व के पोर्टफोलियो

बजाज फिनसर्व लिमिटेड आरबीआई के कोर इन्वेस्टमेंट दिशा-निरदेस, 2016 के तहत एगो नॉन रजिस्टर्ड कोर इन्वेस्टमेंट कंपनी (CIC) हियs। बजाज फिनसर्व के बजाज फाइनेंस लिमिटेड में 52.49 प्रतिशत हिस्सेदारी बा। बजाज आलियांज जनरल इंश्योरेंस कंपनी लिमिटेड आ बजाज आलियांज लाइफ इंश्योरेंस कंपनी लिमिटेड में एकर 74 प्रतिशत हिस्सेदारी बा। बजाज फाइनेंस लिमिटेड के सहायक कंपनियन में बजाज हाउसिंग फाइनेंस लिमिटेड सामिल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]