Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एह कंपनी के शेयरन में भइल ताबड़तोड़ गिरावट, हर स्टॉक पs निवेशकन के ‘जोर के झटका’

Bajaj Finance Share: बियफे के दिन शेयर बाजार में कइयन कंपनियन खातिर अच्छा नइखे जा रहल। आज बजाज फाइनेंस के शेयरन में तेज गिरावट देखे के मिल रहल बा। हर शेयर पs निवेशकन के करीब 8 फीसद के नुकसान उठावे के पड़ रहल बा।

2,195

Bajaj Finance Share: 31 दिसंबर के समाप्त तिमाही खातिर कंपनी के संपत्ति बाजार के उम्मीदन से नीचे अइला के बाद बजाज फाइनेंस के शेयरन में आज 8% भा लगभग 550 रुपिया के गिरावट आइल बा। एक्सचेंजन के संगे डाटा अपडेट साझा करत, बजाज फाइनेंस कहलस कि प्रबंधन के तहत ओकर संपत्ति (एयूएम) 31 दिसंबर 2021 तक 181,250 करोड़ के तुलना में 31 दिसंबर 2022 तक लगभग 230,850 करोड़ हो गइल। FY23 में बजाज फाइनेंस के संपत्ति में 12,500 करोड़ के बढ़न्ती भइल।

हालांकि तिमाही दर तिमाही आधार पs ई 6 फीसद से ऊपर रहे, बाकिर विश्लेषकन के कहनाम बा कि बाजार के उम्मीदन के तुलना में प्रदर्शन तनिका कम रहल, काहेकि तीसरका तिमाही में आमतौर पs त्योहारी मांग के वजह से कंपनियन के नतीजा मजबूत होला।

बजाज फाइनेंस के एयूएम ग्रोथ उम्मीदन से कम रहे। हालांकि डिस्ट्रीब्यूशन आ प्रोडक्शन खंड में कंपनी के बढ़न्ती। पूंजी पर्याप्तता अनुपात भा सीआरएआर तिमाही दर तिमाही आधार पs 25.1% पs फ्लैट रहे, जवन कमजोर विकास दर आ पूंजी के कम उपयोग के तरफ संकेत करत बा। त्रैमासिक अपडेट के मोताबिक, बजाज फाइनेंस Q3 में 31 लाख नया ग्राहक हासिल कइलस, जबकि 2QFY23 में 26 लाख ग्राहक टहल।

एक नोट में, जेफरीज कहलें कि बजाज फाइनेंस के 3QFY23 प्री-क्वार्टर अपडेट एयूएम ग्रोथ में कुछ मॉडरेशन दिखत बा। नया ऋण बुकिंग में बढ़न्ती 5% YoY पs धीमा रहे। बाजार के जानकार लोग कहल कि ई देखे के होई कि का ई छोट अवधि के प्रतिभूतियन के करजा देवे वाला बेवसाय भा खुदरा/एसएमई ऋण के कारण बा कि कवनो आउर वजह बा। कंपनी के कमजोर विकास निकट अवधि में स्टॉक पs बोझ डाल सकत बा। कंपंनी के डिपॉजिट बुक 43,000 करोड़ रहे।

का कहत बा लो जानकार

जेफरीज बजाज के स्टॉक पs होल्ड रेटिंग दिहल गइल बा, जबकि मोतीलाल ओसवाल एकरा के किने के सलाह देले बा। सबेरे 9:40 बजे, बजाज फाइनेंस के शेयर 5% गिरके 6,269 प्रति शेयर पs कारोबार करत रहे।

432590cookie-checkएह कंपनी के शेयरन में भइल ताबड़तोड़ गिरावट, हर स्टॉक पs निवेशकन के ‘जोर के झटका’

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.