यूपी के बहराइच में आदमखोर भेड़ियन के पकड़े खातीर तलाशी अभियान जारी

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 30, 2024

  उत्तर प्रदेश के बहराइच जिला के महसी इलाका से बियफ़ें के एगो अवुरी नरभक्षी भेड़िया पकड़ल गईल। पिछला कई दिन से गाँव के लोग नरभक्षी भेड़िया के हमला से परेशान बाड़े, आ डर से

Share

बहराइच में आदमखोर भेड़िया: फोटो

 

उत्तर प्रदेश के बहराइच जिला के महसी इलाका से बियफ़ें के एगो अवुरी नरभक्षी भेड़िया पकड़ल गईल। पिछला कई दिन से गाँव के लोग नरभक्षी भेड़िया के हमला से परेशान बाड़े, आ डर से जियत बाड़े। वन विभाग के टीम बियफ़ें के एगो अवुरी नरभक्षी भेड़िया के पिंजरा में पकड़ लेलस। भेड़िया के मेडिकल जांच के बाद गोरखपुर चिड़ियाघर में भेजे के तइयारी हो रहल बा। अबे ले कुल चार भेड़िया पकड़ल गईल बा। वन संरक्षक रेणु सिंह बतवली कि आजु एगो अउरी आदमी खाए वाला भेड़िया पकड़ल गइल बा. पिंजरा में बा, स्वस्थ बा। पहिले कैद भईल तीनों भेड़िया के चिड़ियाघर भेज दिहल गईल बा। अब एह भेड़िया के भी जल्दिए गोरखपुर चिड़ियाघर में शिफ्ट कs दिहल जाई।

उs कहली कि इs एगो बड़ समस्या बा कि गांव के लोग पs नरभक्षी भेड़िया के हमला होखता। एह दुर्घटना में लोग के मउत भी हो चुकल बा। नरभक्षी भेड़िया के पकड़े खातीर वन विभाग के विशेष टीम के तैनाती कईल गईल बा। अबे ले कुल 4 नरभक्षी भेड़िया पकड़ल गईल बा अवुरी बाकी 2 नरभक्षी भेड़िया के पकड़े खातीर कार्रवाई कईल जाता। बता दीं कि महसी इलाका के करीब 50 गाँव के लोग नरभक्षी भेड़िया के डर से जियत बा. अपना परिवार के रक्षा खातिर दिन-रात समूह में लाठी लेके चले के मजबूर बाड़े।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.