[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर में बागेश्वर धाम के दरबार के आयोजन रद्द: 15 से 19 जनवरी तक होखे के रहे पं. धीरेंद्र शास्त्री के कार्यक्रम, प्रशासन ना देलस अनुमति

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर में लागे वाला बागेश्वर धाम सरकार के दिव्य दरबार अब ना लाग सकी। 15 से 19 जनवरी तक बड़हलगंज के लेटाघाट में बागेश्वर धाम के पीठाधीश्वर पं. धीरेंद्र शास्त्री ले दिव्य दरबार लागे के रहे। बाकिर, प्रशासन कथा के अनुमति के बुध के वापस ले लेले बा। अइसन में अब अब गोरखपुर के लोग पं. धीरेंद्र शास्त्री के कथा ना सुन सकी लो।

हालांकि, एह कार्यक्रम के लेके पहिलही से लोगन में संशय बनल रहे। कुछ लोगन के कहनाम बा कि पहिलहू कइयन बेर पं. धीरेंद्र शास्त्री के दरबार लगावे के नाम पs बैनर पोस्टर जारी भइल। कइयन फाइनेंसर सपोर्ट कइल लो। बाकिर, कार्यक्रम ना हो सकल। अबकियो बेर जब कार्यक्रम के बात सामने आइल तs एकरा के लेके चरचा सुरू हो गइल। बीजेपी विधायक राजेश त्रिपाठी कार्यक्रम स्थल के जायजा लेलें। बाकिर, जब कार्यक्रम के बारे में बात कइल गइल तs ऊ आपन हाथ खड़ा कs देलस।

SP साउथ के रिपोर्ट पs निरस्त भइल अनुमति

हालांकि, SDM गोला रोहित कुमार मौर्य बतवलें कि SP साउथ अपना रिपोर्ट में खिचड़ी मेला आ महोत्सव आदि कारणन से सुुरक्षा देवे में पुलिस प्रशासन के अनुपलब्धता के रिपोर्ट प्रेषित कइले रहस। जवना कारण कथा में होखे वाला भीड़ के देखत सुरक्षा आ कानून बेवस्था के समस्या खड़ा होखे के संभावना बन गइल रहे। एही कारण कथा के दिहल गइल अनुमति वापस ले लिहल गइल बा।

पहिले से रहे कार्यक्रम ना होखे के चरचा 

जबकि, कार्यक्रम के आयोजक राहुल तिवारी के दावा रहे कि 15 से 19 जनवरी तक होखे वाला एह कार्यक्रम में रोज एक लाख लोगन के ठहरे, भोजन, स्नान आ प्रसाद के बेवस्था कइल गइल बा।

जवन पूरा तरे निशुल्क होई। एकरा संगही दरबार के दौरान भक्तन के अरजियो लागी। कवनो चीज खातिर इहां कवनोर तरे के कवनो शुल्क ना होई। हालांकि, बड़हलगंज इलाका में सुरू से एह बात के चरचा रहे कि अइसन कवनो आयोजन नइखे होखे के। एह तरे के अफवाह पहिलहूं कइयन बेर फइलावल जा चुकल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]