[the_ad_group id="30365"]

बदले की आग में लइका बनल कातिल: 13 साल के लइका बतवलस हत्या के वजह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली के कंझावला से एगो अइसन दिल दहला देवे वाली घटना सामने आइल बा जौन ई सोचले पर मजबूर कs देहले बा कि हमनी के समाज कौने दिशा में जा रहल बा। 13 साल के उमिर अइसन होला जब लइकन के अक्सर अपने खेल, किताब से ही मतलब होला, एह उमिर में अगर कौनो बच्चा कत्ल जइसन अपराध के अंजाम दे दे त ई बात सोचले खातिर मजबूर कs देले।
कंझावला इलाका में दिल दहला देवे वाली एगो घटना सामने आइल बा। घर से माई के रुपया चुरवले के इल्जाम लगावल गइले से खिसियाइल पड़ोस में रहे वाले 13 वर्षीय किशोर आठ साल के मासूम के हत्या कs देहलस। बचवा के गुम होखले के बाद माई पुलिस ल सूचना देहलस।एकरे बाद पुलिस जांच शुरू क देहलस। महिला नाबालिग पर शक जतवले रहली।
पूछताछ के दौरान नाबालिग आपन गुनाह कबूल कs लेहलस। पुलिस ओकरे निशानदेही पर जंगल से बचवा के शव के बरामद कs लिहलस। जुवेनाइल कोर्ट में पेशी के बाद नाबालिग के बाल सुधार गृह भेज देहल गइल बा।
बदला लेने की फिराक में रहल,
पुलिस शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज के नाबालिग से पूछताछ कइलस। पूछताछ में नाबालिग बतवलस कि कुछ दिन पहिले बचवा के माई के पैसा चोरी हो गइल रहल। बचवा ओहपर पइसा चोरी कइले के आरोप लगवले रहल। एह बात के ले के ऊ काफी गुस्सा में रहल अउर ऊ बचवा से बदला लेहल चाहत रहल। पुलिस एह मामला के छानबीन में जुटल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]