[the_ad_group id="30365"]

बदलापुर रेप कांड के आरोपी अक्षय शिंदे के मउत

आरोपी के ले जात पुलिस: फोटो
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मुंबई से सटल बदलापुर में दु नाबालिग लईकिन के संगे दुष्कर्म के मामला में आरोपी अक्षय शिंदे के पुलिस हिरासत में मउत हो गईल बा।  ट्रांजिट रिमांड पs ले जाए के दौरान उनुका के गोली मार दिहल गईल अवुरी अक्षय के गंभीर हालत में शिवाजी अस्पताल पहुंचावल गईल, जहां डॉक्टर उनुका के मृत घोषित कs देले। आरोपी मृतक अक्षय के शव कलवा शिवाजी अस्पताल में मौजूद बा।  इहाँ उनुकर पोस्टमार्टम होई।  आरोपी अक्षय के अलावे एगो पुलिसकर्मी के भी गोली लागल बा, जवना के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। घाही पुलिसकर्मी के बियफ़ें अस्पताल भेज दिहल गइल बा.

अगस्त महीना में बदलापुर के एगो स्कूल में दु लईकी के संगे बलात्कार के मामला सोझा आईल रहे। एs मामला में आरोपी स्वीपर अक्षय शिंदे रहले। लईकिन के माता-पिता के शिकायत पs स्कूल तुरंत कार्रवाई ना कईलस अवुरी पुलिस भी शुरू में ढील देखवलस। हालांकि लोग के प्रदर्शन के बाद मामला अवुरी बढ़ गईल अवुरी मुख्य आरोपी के गिरफ्तार कs लिहल गईल।

एs मामला में ओ लोग पs भी आरोप लगावल गईल, जवन कि आपन जिम्मेदारी ठीक से ना निभवले। अब मुख्य आरोपी के गोली मार के गंभीर हालत में अस्पताल में भर्ती करावल गईल। जहां इलाज के दौरान ओकर मउत हो गईल.

गोली कईसे लागल?

अब ले इs साफ नईखे कि अक्षय के गोली कईसे लागल?  कुछ लोग के कहनाम बा कि, ट्रांजिट रिमांड पs ले जाए के दौरान आरोपी वैन में सवार पुलिसकर्मी के बंदूक छीन के आत्महत्या के कोशिश कईले। एs दौरान उनुका संगे एगो पुलिसकर्मी के भी गोली मारल गईल अवुरी दुनो के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा। एकरा संगे कुछ लोग के कहनाम बा कि आरोपी पुलिस के बंदूक छीन के पुलिस पs तीन राउंड चला देलस। जवाब में पुलिस भी गोलीबारी कईलस अवुरी आरोपी के गोली लाग गईल।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]