[the_ad_group id="30365"]

NCP नेता बाबा सिद्दीकी के गोली मारके हत्या, अजित पवार दिहले बड़ बयान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

महाराष्ट्र में विधानसभा चुनाव से पहिले शनिचर के रात फायरिंग के मामिला सामने आइल बा. शहर के बांद्रा इलाका में NCP अजीत पवार गुट के नेता बाबा सिद्दीकी पs गोलीबारी भईल। एs फायरिंग के बाद बाबा सिद्दीकी के लीलावती अस्पताल में भर्ती करावल गईल। हालांकि कुछ देर बाद लीलावती अस्पताल मे उनुका मौत के खबर के पुष्टि कs देलस। बतावल जाता कि बाबा सिद्दीकी के उनुका बेटा के ऑफिस के नजदीक गोली मारल गईल। पुलिस अबे ले दु अपराधी के गिरफ्तार कs लेले बिया, जबकि एगो अवुरी अपराधी के तलाशी लिहल जाता।

गिरफ्तार आरोपी यूपी अवुरी हरियाणा के हवे

सूत्र के मुताबिक दिल्ली पुलिस के स्पेशल सेल भी बाबा सिद्दीकी के हत्या के मामला के जांच शुरू कs देले बा। दिल्ली पुलिस के काउंटर इंटेलिजेंस यूनिट एs मामला के जांच शुरू कs देले बिया। इs टीम मुंबई पुलिस के संगे मुंबई में बहुत बड़ ऑपरेशन में काम कs चुकल बिया। अबे ले गिरफ्तार भईल दुनो गोलीबारी में से एगो हरियाणा के बा जबकि दुसरका आरोपी यूपी के बा। मौका के नजदीक मौजूद पुलिस टीम फायरिंग के 10 मिनट के भीतर दुनों बदमाश के गिरफ्तार कs लेलस। मुंबई पुलिस सूत्र से मिलल जानकारी के मुताबिक बाबा सिद्दीकी के हत्या में इस्तेमाल भईल 9.9 एमएम के पिस्तौल जब्त कs लिहल गईल बा। पुलिस के शक बा कि एs हत्या के पीछे कवनो बड़ गुंडा हो सकता। जदी सूत्र पs विश्वास करे के बा तs मुंबई क्राइम ब्रांच के टीम यूपी एसटीएफ अवुरी हरियाणा सीआईए से भी संपर्क कईले बिया।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]