जेपी यूनिवर्सिटी में सीबीसीएस पैटर्न पs होई स्नातक के परीक्षा : छपरा में पहिले नया सिलेबस पs होई एग्जाम, 2023-27 के परीक्षा के तइयारी सुरू

By Anurag Ranjan

Published on: May 10, 2024

जेपी यूनिवर्सिटी में सेशन के नियमित करे खातिर विश्वविद्यालय प्रबंधन कावर से लगातार काम कइल जा रहल बा। एही क्रम में ग्रेजुएशन के फर्स्ट सेमेस्टर के परीक्षा संबंधी तइयारी के कवायद तेज कs दिहल गइल

Share

PHD Enterance Exam

जेपी यूनिवर्सिटी में सेशन के नियमित करे खातिर विश्वविद्यालय प्रबंधन कावर से लगातार काम कइल जा रहल बा। एही क्रम में ग्रेजुएशन के फर्स्ट सेमेस्टर के परीक्षा संबंधी तइयारी के कवायद तेज कs दिहल गइल बा। जेपी यूनिवर्सिटी में पहिला बेर सीबीसीएस पैटर्न से परीक्षा लेवे के तइयारी कइल जा रहल बा।

सीबीसीएस पैटर्न में चार बरिस के  ग्रेजुएट सत्र होई। जवना के सेमेस्टर में बांटल गइल बा। कुल मिलाके आठ सेमेस्टर के परीक्षा लिहल जाये के बा। पहिला सेमेस्टर के परीक्षा मई महीना में आयोजित होई। जवना के लेके यूनिवर्सिटी के परीक्षा विभाग के ओर से सत्र 2023-27 के परीक्षा के तइयारी सुरू कs दिहल गइल बा। अइसन में पहिला बेर विश्वविद्यालय में नया सिलेबस के मोताबिक परीक्षा के आयोजन होई।

जयप्रकाश विश्वविद्यालय में स्नातक के अंतर्गत सत्र 2023 से च्वाइस बेस्ड क्रेडिट सिस्टम सीबीसीएस सिलेबस लागू कइल जा चुकल बा। वर्तमान सत्र में नामांकित छात्र-छात्रा लोगन के सीबीसीएस सिलेबस पs आधारित पाठ्यक्रम के अनुसार पढ़ावल गइल बा। परीक्षा एही पैटर्न पs होई।

सीबीसीएस सिलेबस के अंतर्गत स्नातक के चार साल के कs दिहल गइल बा। जेमे कुल आठ सेमेस्टर बनावल गइल बा। पहिला छव सेमेस्टर के परीक्षा उत्तीर्ण कइला के बाद छात्रन के डिग्री मिल जाई। ओहिजा बाकी दुगो आउर सेमेस्टर उतीर्ण कइला के बाद डिग्री के संगे रिसर्च पूरा कs सकी लो। ओहिजा, चार सेमेस्टर पूरा करतही छात्रन के डिप्लोमा मिल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.