[the_ad_group id="30365"]

रामपुर, आजमगढ़ ना गइले अखिलेश यादव, लोकसभा उपचुनाव के परचार खत्म; वोटिंग 23 जून के

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आजमगढ़ आ रामपुर लोकसभा के खाली सीटन पs आवे 23 जून के होखे वाला उपचुनाव खतिर आज परचार थम गइल। आज प्रचार के आखिरी दिन जहां सीएम योगी आदित्यनाथ मुरादाबाद आ रामपुर में चुनावी सभा के संबोधित कइलें तs ओहिजा, समाजवादी पार्टी (सपा) के राष्ट्रीय अध्यक्ष अखिलेश यादव एह दुनों सीटन पs परचार करे ना गइले। एकरा अलावे, पुलिस प्रशासन आजमगढ़ आ रामपुर में सुरक्षित, स्वतंत्र आउर शांतिपूर्ण मतदान सम्पन्न करवावे खातिर एह दुनों जिलन से लागल दूसरा जिलन के सीमा पs चौकसी बढ़ा देले बिया।

भाजपा आजमगढ़ से भोजपुरी फिल्म अभिनेता दिनेश लाल यादव निरहुआ के मैदान में उतरले बिया। बरिस 2019 में भइल लोकसभा चुनाव में निरहुआ सपा प्रमुख अखिलेश यादव से भइल मुकाबला में हार गइल रहस। सपा एह सीट पs सपा प्रमुख अखिलेश यादव के चचेरा भाई धर्मेन्द्र यादव के उम्मीदवार बनवले बिया जबकि बसपा इहां से पूर्व विधायक आ कारोबारी शाह आलम उर्फ गुड्डू जमाली के प्रत्याशी घोषित कइले बिया। जमाली अबकी बेर भइल विधान सभा चुनाव में ओवैसी के पार्टी आल इण्डिया मजलिस-ए-इत्तेहादुल मुस्लमीन के टिकट पs चुनाव लड़ल रहस बाकिर ऊ हार गइल रहस।

दूसरा ओर रामपुर से सपा उम्मीदवार असीम राजा पिछला चार दशकन से आजम खां के सहयोगी रहल बाड़े जबकि भाजपा इहां से घनश्याम लोधी ले प्रत्याशी बनवले बिया। बसपा इहां आपन उम्मीदवार नइखे उतरले। रामपुर में भाजपा प्रचार के कमान संसदीय कार्य आ वित्त मंत्री सुरेश खन्ना के सउपले बिया। आजमगढ़ में प्रचार के जिम्मा कृषि मंत्री सूर्य प्रताप शाही के दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]