Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आजम खान : सपा नेता आजम खान के पत्नी आ बेटा के आयकर के नोटिस, आय से अधिक संपत्ति के मामला

आयकर के नोटिस, आय से अधिक संपत्ति के मामला सपा नेता आजम खान के मुश्किल कम करे के नाम नईखे लेत। अब आयकर विभाग आय से अधिक संपत्ति के मामला में सपा नेता आजम खान के पत्नी अउरी बेटा के नोटिस भेज देले बा। आजम के पत्नी तंजिन के खाता में भी बहुत गड़बड़ी मिलल बा।

201

आजम खान : सपा नेता आजम खान के पत्नी आ बेटा के आयकर के नोटिस, आय से अधिक संपत्ति के मामला

सपा नेता आजम खान के मुश्किल कम करे के नाम नईखे लेत। अब आयकर विभाग आय से अधिक संपत्ति के मामला में सपा नेता आजम खान के पत्नी अउरी बेटा के नोटिस भेज देले बा। आजम के पत्नी तंजिन के खाता में भी बहुत गड़बड़ी मिलल बा।

आयकर विभाग आय से अधिक संपत्ति के मामला में सपा नेता आजम खान अउरी उनुका परिवार पे दबाव बनावे के तैयारी में बा। आयकर विभाग आजम खान, उनुकर पत्नी तंजिन फातिमा अउरी बेटा अब्दुल्ला आजम के नोटिस जारी क देले बा। सूत्र बतावत बाड़े कि इ मामला विधानसभा चुनाव में आजम खान अउरी उनुकर बेटा अब्दुल्ला आजम के दिहल हलफनामा में भईल गड़बड़ी से जुड़ल बा।

 

आयकर के जांच में संपत्ति से जुड़ल जानकारी के छिपावे के मामला सोझा आईल बा। कुछ अइसन संपत्ति भी बाड़ी स जवना के मूल्य कम देखावल गइल बा। जबकि ओह लोग के वास्तविक बाजार मूल्य बहुते अधिका बा| जांच में रामपुर के मड़ियांव, नादरबाग आ नोएडा में भी करोड़ों रुपया के अचल संपत्ति मिलल बा। एकरा संगे आजम खान के पत्नी तंज़िन फातिमा के खाता में भी बहुत गड़बड़ी सामने आ रहल बा। ओह लोग के खाता में जमा भारी रकम के भी जांच हो रहल बा।

आयकर विभाग तीनों के नोटिस भेज के जवाब तलब बा। जवना के बाद संपत्ति के मूल्यांकन के बाद आगे के कार्रवाई कईल जाई। एकरा से पहिले आयकर विभाग आजम खान अउरी उनुका परिवार के लोग के संपत्ति के जांच कईले रहे। जवना के ब्यौरा चुनाव आयोग के भी भेजल गईल बा। जवना में हलफनामा में गलत जानकारी दिहल गईल बा अउरी बहुत जानकारी छिपावल बा।

आयकर विभाग लखनऊ के सरोजनी नगर तहसील इलाका में स्थित 1.6670 हेक्टेयर के जमीन संलग्न कईले बा। लखनऊ-कानपुर सड़क पे बसल ई जमीन देशराज के नाम पर बा। आयकर विभाग के शक बा कि इ जमीन जन अधिकार पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष बाबू सिंह कुशवाहा के बेनामी संपत्ति ह। आयकर विभाग के एगो अधिकारी के मुताबिक जमीन के कीमत करीब 2 करोड़ रुपया देखावल गईल बा, जबकि एकर वास्तविक मूल्य 30 करोड़ रुपया से जादे के अनुमान बा। सूत्र बतावत बाड़े कि आयकर विभाग भी बाबू सिंह कुशवाहा के एकरा बारे में नोटिस भेजले बा। दूसर ओर बाबू सिंह कुशवाहा आयकर विभाग के कार्यवाही से अनजानता जतवले अउरी कहले कि उनुका लगे अयीसन कवनो जमीन नईखे।

साभार- जागरण

492190cookie-checkआजम खान : सपा नेता आजम खान के पत्नी आ बेटा के आयकर के नोटिस, आय से अधिक संपत्ति के मामला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.