[the_ad_group id="30365"]

Ayodhya: जल, थल आ नभ तीनों ओर से सुरक्षित होई राममंदिर, सुरक्षा प्लान पs खर्च होंइ 38 करोड़ रुपिया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

रामलाला के मंदिर के सुरक्षा योजना में करीब 38 करोड़ रुपया खर्च होई। धन के मंजूरी मिल गइल बा आ निर्माण के जिम्मेवारी यूपी निर्माण निगम के सौंपल गइल बा। अगिला कुछ दिन में एकर डीपीआर सरकार के भेज दिहल जाई। एहमें जल, थल आ नभ तीनों ओर से सुरक्षा के खाका तइयार कइल गइल बा।

मंदिर के सुरक्षा मजबूत करे के अंतिम तिथि नवम्बर तक तय कईल गईल रहे। जल्दिए योजना के पहिला चरण पs काम शुरू करे के तैयारी जारी बा। उद्घाटन से पहिले राम मंदिर के सुरक्षा मजबूत देखल जाई। उद्घाटन 15 जनवरी 2024 के बाद संभव बा आ ओकरा बाद रामलाला के मंदिर में आवे वाला श्रद्धालु लोग के भीड़ काफी बढ़ जाई।

प्रशासन श्री राम मंदिर के उद्घाटन से पहिले आ आगंतुक श्रद्धालु लोग के सुरक्षा मजबूत करे के रणनीति पs काम कर रहल बा। मंदिर के हवाई हमला से सुरक्षित राखे के संगे सरयू नदी अवुरी जमीन से सुरक्षा योजना बनावल गईल बा। मंदिर के बाहर सुरक्षा के जिम्मेदारी प्रशासन के बा। ट्रस्ट रामलला के मंदिर के भीतर के इंतजाम के देखभाल करी। प्रशासन के अधिकारी आतंरिक सुरक्षा में भी समन्वय करीहे।

मंदिर के बहरी अर्धसैनिक बल (सीआरपीएफ) समेत अवुरी बल के तैनाती होई। हवाई सुरक्षा खातिर अत्याधुनिक प्लांट आ सीसीटीवी कैमरा लगावल जाई। फायर सेफ्टी, बोलार्ट, बुलेट प्रूफ जैकेट, सर्च लाइट लगावल जाई। राम मंदिर के लगे बहत सरयू नदी के किनारे से सुरक्षा पs भी ध्यान दिहल जाता।

एकरा खातीर जल सुरक्षा के संगे विशेष नाव पs सुरक्षाकर्मी के तैनात कईल जाई। मंदिर के भीतर सुरक्षा खातिर पूरा परिसर में अत्याधुनिक कैमरा से लैस सीसीटीवी लगावल जाई। मंदिर के सुरक्षा के निगरानी खातीर आधुनिक उपकरण के संगे दीवार नियंत्रण कक्ष बनावल जाई।

मंडलयुक्त गौरव दयाल के कहनाम बा कि रामलला के मंदिर के सुरक्षा योजना तैयार बा। एकरा खातीर पहिला चरण में करीब 38 करोड़ रुपिया के मंजूरी मिल गईल बा। राम मंदिर के सुरक्षा व्यवस्था में सुधार खातिर नवम्बर के अंतिम तिथि तय कईल गईल बा।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]