[the_ad_group id="30365"]

Ayodhya Ram Mandir: रामलला के दर्शन आ आरती के सब पास कैंसिल, रामनवमी पऽ भगवान के दर्शन आ मंगला आरती के ई रही समय

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Ram Mandir Ayodhya Latest News: राम जन्मोत्सव के तैयारियन के अंतिम स्पर्श देवे में जुटल रामजन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट। रामजन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के महासचिव चंपतराय कहले कि पर्दा बंद रहे घरी धैर्य राखे के होई। रात्रि 11 बजे ले श्रद्धालु अपना भगवान के दर्शन कर सकिहें। 17 अप्रैल से 19 अप्रैल ले जारी कइल गइल सब पास निरस्त कर दिहल गइल बा।

राम जन्मोत्सव के तैयारियन के अंतिम रूप देवे में लागल रामजन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के महासचिव चंपतराय बतवले कि रामनवमी के दिन मंगला आरती के बाद प्रातः 3:30 बजे से रामलला के अभिषेक, श्रृंगार आ दर्शन साथे-साथ चलत रही।

उऽ रामजन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र यात्रा सहायता केंद्र पऽ संवाददाता लो से बात करत रहले। उनका अनुसार श्रृंगार आरती प्रातः पांच बजे होई, रामलला के दर्शन आ सब पूजा-विधि यथावत साथे-साथ चलत रही। भगवान के भोग लगावे खातिर ई समय-समय पऽ अल्प-काल के पर्दा रही। अइसन परिस्थिति खातिर उऽ श्रद्धालुअन से निवेदन कइले कि पर्दा बंद रहत घरी धैर्य बना के राखे के होई आ एही दौरान श्रद्धालुअन खातिर राम नाम संकीर्तन आ प्रभु के भजन कइल उचित होई।

रात के 11 बजे ले दर्शन के क्रम चली 

रात के 11 बजे ले दर्शन के क्रम पूर्ववत चलत रही, एकरा बाद दर्शनार्थियन के संख्या आ तात्कालिक परिस्थिति के हिसाब से भोग आ शयन आरती होई।

दर्शनार्थियन के दिहले ई सलाह

तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के महासचिव दर्शनार्थियन के आपन मोबाइल, जूता, चप्पल, बड़-बैग आ प्रतिबंधित सामग्री आदि सुरक्षित स्थान पऽ छोड़ के दर्शन खातिर आवे के सलाहो दिहले, ताकि दर्शन मार्ग पऽ चेकिंग आ सामान सुरक्षित करे में समय ना जाया होखे आ दर्शन बिना रूकले चलत रहे। उऽ इहो दोहरवले कि 16, 17, 18 आ 19 अप्रैल के रामलला के दर्शन आ आरती के सब पास निरस्त कर दिहल गइल बा।

यात्री सेवा केंद्र बनावल गइल

रामजन्मभूमि प्रवेश द्वार के नियरे रामजन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के ओर से यात्री सेवा केंद्र बनावल गइल बा। इहाँ से श्रद्धालुअन के जरूरत के हिसाब से सेवा उपलब्ध करावल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]