[the_ad_group id="30365"]

अयोध्या: राम मंदिर निर्माण के ड्रोन से लीहल गइल तस्वीर जारी, गर्भगृह अउर फाउंडेशन तैयार, अब ठाढ़ कइल जा रहल बा खम्हा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अयोध्या में बन रहल भगवान श्रीराम के भव्य मंदिर तीव्र गति से आकार ले रहल बा। मंदिर के पहिला तल दिसंबर 2023 ले बनके तइयार हो जाई अउर जनवरी 2024 में रामलला अपने स्थान पर विराजमान हो जइहें।
श्रीराम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के महासचिव चंपत राय  3 दिसंबर के ड्रोन कैमरे से लीहल गइल एगो तस्वीर शेयर कs श्रद्घालुअन के मंदिर निर्माण के प्रगति से अवगत करवलें।
तस्वीर में दिख रहल बा कि राम मंदिर ले गर्भगृह अउर फाउंडेशन बन के तैयार हो चुकल बा अउर अब ओह पर तराशल गइल खम्हा ठाढ़ कइल जा रहल बा।

बतावल जा रहल बा कि जनवरी 2024 से श्रद्घालु रामलला के दर्शन कs सकिहें। एही टाइमलाइन के ध्यान में रख के निर्माण कार्य कइल जा रहल बा।

New pics of ram temple construction of Ayodhya.
कुछ तस्वीर 25 नवंबर के जारी कइल गइल रहे। जेमें दिखावल जा रहल बा कि मंदिर निर्माण खातिर तराशल गइल खम्हा के लगावल जा रहल बा। एह तस्वीरन के चंपत राय  25 नवंबर के अपने ट्विटर अकाउंट से शेयर कइले रहनें।
New pics of ram temple construction of Ayodhya.
मंदिर निर्माण खातिर खम्हा के तराशे के काम 1992 से ही कइल जा रहल बा। अब उनकर इस्तेमाल हो जाई।
New pics of ram temple construction of Ayodhya.
श्रीराम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के सोशल मीडिया अकाउंट से समय-समय पर मंदिर निर्माण के तस्वीर जारी कइल जात रहल बा।
New pics of ram temple construction of Ayodhya.

गर्भगृह के निर्माण के पहिले जारी कइल गइल एगो तस्वीर।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]