[the_ad_group id="30365"]

RJD के अवध बिहारी चौधरी आज विधानसभा स्पीकर खातिर करिहें नामांकन, काल्ह होई चुनाव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना। राजद के वरिष्ठ विधायक अवध बिहारी चौधरी के विधानसभा अध्यक्ष बने के रास्ता साफ हो गइल। बियफे के दिन के साढ़े 10 बजे विधानसभा सचिव के सोझा उनकर नामांकन होई। सुक के विधानसभा के विशेष सत्र के दौरान एके गो नामांकन होखला के स्थिति में उनकर निर्विरोध चुनल गइला के घोषणा होई।

राज्य कैबिनेट के विशेष बैठक

बुध के साँझ के मुख्यमंत्री आवास पs महागठबंधन के नेता लोगन के बैठक भइल, जेमें सबका सहमति से अवध बिहारी चौधरी के अध्यक्ष बनावल गइला के लेके निर्णय भइल। एकरा पहिले दुपहरिया में करीब 12 बजे राज्य कैबिनेट के विशेष बैठक भइल, जेमें विधानसभा अध्यक्ष के चुनाव करवला के निर्णय लिहल गइल। एह निर्णय के राज्यपाल के मंजूरी खातिर भेजल गइल। राज्यपाल के मंजूरी मिल गइला के बाद सदन में विधानसभा के उपाध्यक्ष महेश्वर हजारी चुनाव कार्यक्रम के घोषणा कइलें।

विजय कुमार सिन्हा ने दिया इस्तीफा

एकरा पहिले बुध के सदन के कार्यवाही के दौरान आसन पs विराजल विजय कुमार सिन्हा इस्तीफा दे देलें। अपना  खिलाफ सत्ताधारी दल के विधायकन द्वारा दिहल गइल अविश्वास प्रस्ताव के नियम के अनुकूल ना होखला के हवाला देत खारिज कs देले। विजय सिन्हा सदन के वरिष्ठ सदस्य जदयू के नरेंद्र नारायण यादव के अध्यासी सदस्य नामित कइले आ सदन के कार्यवाही दुपहरिया दु बजे तक खातिर स्थगित कs देले। हालांकि, उनका उठते उठते संसदीय कार्य मंत्री विजय कुमार चौधरी आपत्ति जतवले आ कहले कि जब विधानसभा के उपाध्यक्ष बड़ले बाड़े तs अध्यासी सदस्य के अध्यक्षता करे संबंधी उनकर निरदेस नियम सम्मत नइखे।

दुपहरिया बाद दु बजे सदन के कार्यवाही आरंभ भइल तs आसन पs आइल नरेंद्र नारायण यादव उपाध्यक्ष महेश्वर हजारी के नाम पुकरले आ उनका के आसन पs बईठा के अपना सीट पs लवट गइले। एकरा बाद उपाध्यक्ष कार्य मंत्रणा समिति के सदस्यन के घोषणा कइलें आ ओह लोग के संगे बैठक कइलें। दुपहरिया दु बज के 20 मिनट के बाद सदन के कार्यवाही निर्बाध रूप से चलल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]