[the_ad_group id="30365"]

भारत के खिलाफ WTC Final आ एशेज सीरीज के पहिला दु गो टेस्‍ट खातिर ऑस्‍ट्रेलिया कइलस टीम के ऐलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मैट रेनशॉ, मार्कस हैरिस आ मिचेल मार्श के भारत के खिलाफ विश्‍व टेस्‍ट चैंपियनशिप फाइनल आ एशेज सीरीज के पहिला दु टेस्‍ट खातिर ऑस्‍ट्रेलिया के टीम में सामिल कइल गइल बा। चयनकर्ता लोग बुध के 17 सदस्‍यीय टीम के घोषणा कइलस।

भारत आ ऑस्‍ट्रेलिया के बीच 7 जून से द ओवल में विश्‍व टेस्‍ट चैंपियनशिप के फाइनल मुकाबला खेलल जाई। ऑस्‍ट्रेलियाई टीम के 28 मई तक स्‍क्‍वाड के संख्‍या 17 से कम कs के 15 करे के होई। फेर एशेज सीरीज होखे के बा, जेमे सीरीज के देखत आखिरी तीन टेस्‍ट में बदलाव के संभावना बा।

ऑस्‍ट्रेलिया के सबसे तेज गेंदबाजन में से एगो लांस मॉरिस पीठ के चोट के कारण बाहर हो गइल बाड़े, जिनका आराम करे खातिर छव सप्‍ताह के जरुरत बा। ऊ अगिला महीना नॉर्थेम्‍प्‍टनशायर के संगे छोट गेंदबाजी स्‍पेल डालके आपन फिटनेस चेक करिहें। माइकल नेसेर के नजरअंदाज कइल गइल, जिनकर गेंदबाजी इंग्लिश परिस्थितियन के हिसाब से निमन रहित।

भारत के दौरा करे वाला एश्‍टन आगर, पीटर हैंड्सकोंब, मिचेल स्‍वेपसन आ मैट कुहनेमन के सामिल नइखे कइल गइल। विकेटकीपर जोश इंग्लिस के एलेक्‍स कैरी के विकल्‍प के रूप में सामिल कइल गइल बा।

WTC final आ पहिला दु एशेज टेस्‍ट खातिर ऑस्‍ट्रेलियाई टीम एह तरे बा:

पैट कमिंस (कप्‍तान), स्‍कॉट बोलैंड, एलेक्‍स कैरी, कैमरन ग्रीन, मार्कस हैरिस, जोश हेजलवुड, ट्रेविस हेड, जोश इंग्लिस, उस्‍मान ख्‍वाजा, मार्नस लाबुशेन, नाथन लियोन, मिचेल मार्श, टॉड मर्फी, मैथ्‍यू रेनशॉ, स्‍टीव स्मिथ, मिचेल स्‍टार्क आ डेविड वॉर्नर। डब्‍ल्‍यूटीसी फाइनल में 15 खिलाड़ी रही लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]