[the_ad_group id="30365"]

कुलपति अउर सीएमओ के फर्जी आईडी बना के जालसाजी के कोशिश, फोटो लगा के बनावल गइल फर्जी व्हाट्सएप एकाउंट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर यूनिवर्सिटी के कुलपति प्रो. राजेश सिंह अउरी सीएमओ डॉ. आशुतोष कुमार दुबे के नाम पर सोशल मीडिया पर फर्जी आईडी बना के जालसाजी के कोशिश कइल गइल। दूनों मामला में पुलिस छानबीन शुरू कs देहले बा।

पुलिस के भेजल पत्र में कुलसचिव लिखले बानें कि कुलपति के फोटो लगा के एगो मोबाइल नंबर पर कौनो शरारतीतत्व के ओर से एगो फेक व्हाट्सएप आईडी प्रोफाइल बनावल गइल बा जबकि, जौने नंबर से अइसन कइल जा रहल बा, ऊ कुलपति प्रो. राजेश सिंह के नाइ ह।

एह नंबर से संचालित व्हाट्सएप के माध्यम से कुछ लोग के संदेश भेजल जा रहल बा। ओंने सीएमओ के फोटो अउरी नाम के इस्तेमाल कs के इंस्टाग्राम पर फर्जी आईडी बना के कई लोग के सनेसा भेज के रुपया मांगल गइल रहल।

एगो शुभचिंतक टेलीफोन कsके सीएमओ के एकर जानकारी दीहलें, जेकरे बाद उ एसपी सिटी के ऐभ बारे में बतवलें। पुलिस दूनों ही मामला के जांच कs रहल बीया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]