[the_ad_group id="30365"]

Bihar: भोजपुर में उपेंद्र कुशवाहा के काफिला पs हमला, युवक लोग फेंकल पत्‍थर; सुरक्षाकर्मियन से भइल झड़प

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जदयू के राष्ट्रीय संसदीय बोर्ड के अध्यक्ष उपेंद्र कुशवाहा ट्विटर के माध्‍यम से उनका काफिला पs हमला के जानकारी देले बाड़े। ऊ बतवलें कि भोजपुर जिला के जगदीशपुर में नयका टोला मोड़ लगे से गुजर रहल काफिला में सामिल उनका गाड़ी पs कुछ असामाजिक तत्व अचानक पत्थर से हमला कs दिहल। हालांकि, सुरक्षाकर्मी लोग जब उनकर पीछा‍ कइल तs सब हमलावर भाग निकलले सs।

दरअसल, उपेंद्र कुशवाहा डुमरांव में पूर्व विधायक दाऊद अली के श्रद्धांजलि कार्यक्रम से आरा के रास्ते पटना लवटत रहस। एह दौरान आरा के जगदीशपुर में नायका टोला मोड़ के लगे उपेंद्र कुशवाहा के काफिला के करिया झंडा दिखा रहल कुछ युवकन के संगे उनका समर्थकन आ सुरक्षाकर्मियन के झड़प हो गइल। ओहिजा, उपेंद्र कुशवाहा ट्वीट कs के उनका पs हमला के जानकारी देले बाड़े।

युवकन के कहनाम- लोकतांत्रिक रूप से करत रहे लो विरोध

ओहिजा, उपेंद्र कुशवाहा के करिया झंडा दिखा रहल युवकन के कहनाम बा कि ऊ लोग लोकतांत्रिक तरीका से विरोध -प्रदर्शन करत रहे लो, बाकिर उपेंद्र कुशवाहा के संगे चल रहल लोग एह लोगन के संगे मारपीट कइल, जेमे दु युवकन के माथा में चोट आइल बा।

उपेन्द्र कुशवाहा के करिया झंडा दिखावल गइला के बाद भइल झड़प, चलल लाठी-डंडा 

एने, उपेन्द्र कुशवाहा के विरोध कइल गइला के बाद दु गुटन के समर्थकन के बीच सरेआम लाठी-डंडा चलल, जवना के लाइव वीडियो तक इंटरनेट मीडिया पs प्रसारित हो गइल। घटना जगदीशपुर थाना क्षेत्र के जगदीशपुर गांव के हs। उपेन्द्र कुशवाहा गाड़ी पs ईंट-पत्थर से हमला करे के आरोप लगवले बाड़े। ओहिजा, एह झड़प में अशोक कुशवाहा आ प्रेम कुशवाहा के चोट आइल बा, जेकरा के लाठी से पीटल गइल बा। अभी तक केहुओ के गिरफ्तारी के सूचना नइखे।

उपेंद्र कुशवाहा मीडिया के देले बयान

पूरा ममिला पs उपेंद्र कुशवाहा बतवलें कि ऊ जगदीशपुर गांव के नयका टोला के लगे पहुंचल रहलें, जहां कार्यकर्ता उनकर स्वागत करत रहे लोग। उहां से आगे जाये के क्रम में अचानक उनका गाड़ी पs पत्थर फेंके जाये लागल। एकरा से ऊ सोच में पड़ गइलें। आखिर भइल का बा। आगे ऊ बतवलें कि जब उनकर गाड़ी प्रदर्शन स्थल से तनिका आगे बढ़ल आ ऊ गाड़ी उहवें रुकवा देलें, जहां कुछ असामाजिक तत्व विरोध करत रहे लो। जब सुरक्षाकर्मी काफिला से उतरल लोग तs असामाजिक तत्व उहां से भाग गइले सs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]