[the_ad_group id="30365"]

यूपी: गोंडा निवासी आईएसआई एजेंट मुकीम के एटीएस कइलस गिरफ्तार, 10 दिन से करत रहे तलाश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी एटीएस गोंडा निवासी आईएसआई एजेंट मुकीम सिद्दीकी उर्फ अरशद के सोमार के लखनऊ से गिरफ्तार कs लेलस। ओकरा के एटीएस बीतल दस दिन से तलाश रहत रहे। ओकरा लगे से एगो मोबाइल, दुगो सिम आ 617 रुपिया नगद बरामद भइल बा।

बता दीं कि एटीएस 16 जुलाई के गोंडा निवासी आईएसआई एजेंट रईस के पाकिस्तानी खुफिया एजेंसी आईएसआई खातिर जासूसी करे के आरोप में गिरफ्तार कइले रहे। मुंबई के अरमान ओकरा के आईएसआई के हैंडलर से संपर्क करवले रहे। ओकरा बाद रईस अपना साथियन के मदद से झांसी के बबीना सैन्य छावनी के फोटो खींचके पाकिस्तान भेजले रहे।

रईस के गिरफ्तारी के बाद एटीएस मुंबई से अरमान आ सलमान के दबोच लेले रहे। तीनो से पूछताछ में मुकीम के नाम सामने आइल रहे। जवना के बाद एटीएस ओकर तलाश करत रहे। एटीएस मुकीम के अदालत में पेश कइले बिया आ ओकरा के रिमांड पs देवे के अनुरोध करे के तइयारी में बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]