Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अतीक अहमद समाचार : बेटा के मुठभेड़ के खबर सुन के माफिया के हिम्मत टूट गईल, अतीक कोर्ट में ही बेहोश हो गईले

172

उमेश पाल हत्याकांड में फरार माफिया अतीक अहमद के बेटा असद के यूपी एसटीएफ मुठभेड़ में मार दिहले बा | झांसी में भइल एह मुठभेड़ में असद के साथे शूटर गुलाम के भी मौत हो चुकल बा। पुलिस दुनो लोग पे 5 लाख के इनाम के घोषणा कईले रहे।

प्रयागराज कोर्ट में भइल मुठभेड़ में असद आ गुलाम के हत्या के खबर फइलला के बाद अधिवक्ता लोग भी एही चरचा में लागल बा | एकरा संगे अतीक मुर्दाबाद के नारा भी लागे लागल।

कोर्ट में असद के मुठभेड़ के खबर सुन के माफिया आतीक बेहोश हो गईले। अत्यधिक शोरगुल के चलते पीसीआर सुनवाई कुछ देर से बंद हो गईल बा, अतीक आ अशरफ के कोर्टरूम से बाहर निकालला के बाद कुछ समय बाद पुलिस हिरासत के रिमांड पे सुनवाई होई। बाद में सुनवाई शुरू हो गईल ae अतीक के 7 दिन के पुलिस रिमांड पे भेज दिहल गईल।

साभार- जागरण

514920cookie-checkअतीक अहमद समाचार : बेटा के मुठभेड़ के खबर सुन के माफिया के हिम्मत टूट गईल, अतीक कोर्ट में ही बेहोश हो गईले

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.