[the_ad_group id="30365"]

अतीक अहमद करइने दिनदहाड़े हत्या, काहेकी डर खतम ना होखे के चाही…अतीक अहमद पूछताछ के दउरान कईले खुलासा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अतीक अहमद पुलिस हिरासत : माफिया से राजनीतिज्ञ बनल अतीक अहमद आजकल यूपी पुलिस के हिरासत में बा। पुलिस उनुका अपराध से जुड़ल एंगल पे सवाल पूछता। ए पूछताछ में अतीक पुलिस के सोझा आपन अपराध कबूल करतारे। ए दौरान उ 24 फरवरी के भईल उमेश पाल हत्या के मामला में पुलिस के सोझा कई मामला में शामिल होखे के कबूल कईले।

अतीक पुलिस के सोझा मान लेले बाड़े कि हत्या के पूरा योजना उनुकर रहे आ असद सिर्फ उनुका इशारा पे ए हत्या में शामिल रहले। अतीक बतवले कि अशरफ शूटर के इंतजाम कईले रहले आ असद के संगे सभ शूटर बरेली जेल में अशरफ से मिलले आ एकरा बारे में पूरा प्लानिंग कईले।

उमेश पाल के अपहरण के मामला अंतिम चरण में पहुंच गईल रहे

अतिक पुलिस के बतवले कि, उमेश पाल के हत्या करावे के दुगो कारण बा, पहिला कारण इ बा कि उमेश पाल के अपहरण के मामला अंतिम चरण में पहुंचल। त एगो अउरी कारण बतावत अतीक कहले कि जवना तरह से उ खुल के हमनी के खिलाफ बोलत रहले, समाज में गलत संदेश भेजल जात रहे।

एही से हमनी के तय कईनी जा कि अगर उमेश के दिन के उजाला में ना मारल गईल त हमनी के नाम के डर खतम हो जाई। अतीक कहलस, इ ओकर पूरा योजना रहे कि उमेश के अपना घर के बहरी दुनो पुलिसकर्मी के संगे मारे के योजना बनइले रहनी। उ कहले कि, ए घटना के बाद इलाहाबाद के लोग के पता चलल कि अतीक अभी जिंदा बाड़े।

साभार- abp न्यूज़

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]