[the_ad_group id="30365"]

नेपाल के माउंट एवरेस्ट के लगे हेलीकॉप्टर दुर्घटना में कम से कम 5 विदेशी नागरिकन के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नेपाल में माउंट एवरेस्ट के लगे मंगर के विदेशी पर्यटकन के ले जा रहल एगो हेलीकॉप्टर के दुर्घटनाग्रस्त हो गइला से कम से कम पांच लोगन के मौत हो गइल आ विमान में सवार एगो आउर व्यक्ति अभी ले लापता बा।

क्षेत्र के मुख्य सरकारी प्रशासक बसंत भट्टराई कहलें कि हेलीकॉप्टर लामाजुरा क्षेत्र में दुर्घटनाग्रस्त हो गइल आ बचावकर्मी पांच लोगन के शव बरामद कs लेले बा लो आ छठा के तलाश कइल जा रहल बा। विमान पांच पर्यटकन के दुनिया के सबसे ऊंच चोटी के सैर कराके मंगर के सबेरे राजधानी काठमांडू लवटत रहे। मानल जा रहल बा कि पर्यटक मैक्सिकन नागरिक रहे लो जबकि पायलट नेपाली रहे।

हवाई अड्डा के अधिकारी सागर काडेल कहलें कि मौसम के इस्थिति के कारण हेलीकॉप्टर के नियोजित उड़ान मार्ग में बदलाव करे के पड़ल। भारी बरखा के बीच मानसून के मौसम में उड़ानन में देरी होखल आ मार्ग बदलल आम बात बा।

पर्यटन आ पर्वतारोहण के मौसम बरसात के मौसम के सुरुआत के संगे मई में समाप्त हो गइल आ साल के एह समय पहाड़न पs पर्यटक उड़ान कम आम बात बा काहेकि दृश्यता कम बा आ मौसम के इस्थिति अप्रत्याशित हो जाला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]