[the_ad_group id="30365"]

एह राज्य में टीचर के पद पs आवेदन करे के अंतिम दिन आजु, ईहां देखी कइसे करे के बा रजिस्ट्रेशन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

असम के प्राथमिक शिक्षा निदेशक आजु 2 फरवरी 2024 के असम शिक्षक बहाली 2023 खातिर रजिस्ट्रेशन प्रक्रिया बंद कs दीहें। एह पदन खातिर आवेदन करे के चाहत उम्मीदवार डीईई, असम के आधिकारिक वेबसाइट dee.assam.gov.in के माध्यम से आवेदन कs सकेलें। ध्यान रहे कि एह भर्ती अभियान से संगठन के 5500 पद भरल जाई।

एह पदन खातिर आवेदन करे के चाहत उम्मीदवार असम के स्थायी निवासी होखे के चाहीं, असम शिक्षक पात्रता परीक्षा (एटीईटी) / केंद्रीय शिक्षक पात्रता परीक्षा (सीटीईटी) में भी योग्य होखे के चाहीं। एटीईटी आ सीटीईटी दुनु अभ्यर्थियन के भाषा-I भा भाषा-II के मिलान ओह स्कूल के शिक्षा के माध्यम से कइल जाई जवना में उम्मीदवार आवेदन कइल चाहत बा। उम्मीदवार नीचे दिहल चरण के पालन कs के ऑनलाइन आवेदन कs सकतारे।

असम शिक्षक बहाली 2023 : अईसे करीं आवेदन

•सबसे पहिले DEE, Assam, dee.assam.gov.in के आधिकारिक वेबसाइट पs जाईं।

•एकरा बाद होम पेज पs उपलब्ध भर्ती लिंक पs क्लिक करीं।

•अब एगो नया पेज खुली जहाँ असम शिक्षक भर्ती 2023 के लिंक उपलब्ध होई।

•एकरा बाद लउके वाला लिंक पs क्लिक करीं आ एगो नया पन्ना खुली।

•एकरा बाद खुद रजिस्टर करीं आ आपन खाता में लॉग इन करीं।

•अब आवेदन फार्म भर के आवेदन शुल्क दे दीं।

•एकरा बाद सबमिट पs क्लिक करीं आ पेज डाउनलोड करीं। अंत में एकर हार्ड कॉपी आगे के जरूरत खातिर अपना साथे राखीं।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]