Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

क्रिकेट टीम एशियन गेम्स के फाइनल में: सेमीफाइनल में बांग्लादेश के 9 विकेट से हरवलस; पाकिस्तान भा अफगानिस्तान से होई

2,362

भारत एशियन गेम्स मेंस क्रिकेट इवेंट के फाइनल में जगह बना लेले बा। टीम इंडिया सुक के खेलल गइल सेमीफाइनल में बांग्लादेश के 9 विकेट से हरा देलस।

भारत टॉस जीतके पहिले फील्डिंग के फैसला कइलस। बांग्लादेश के टीम 20 ओवर में 9 विकेट पs मात्र 96 रन बना सकल। जवाब में भारत 9.2 ओवर में एक विकेट खोके टारगेट हासिल कs लेलस। तिलक वर्मा 26 गेना पs नाबाद 55 रन के पारी खेलले। ऊ दु चौका आ छव छक्के जमवलें। कप्तान ऋतुराज गायकवाड नाबाद 40 रन बनवलें।

फाइनल में पाकिस्तान भा अफगानिस्तान से हो सकत बा भिड़ंत

फाइनल में भारत के सामना पाकिस्तान आ अफगानिस्तान के बीच होखे वाला मैच के विजेता से होई। पाक Vs अफगान मैच आजे खेलल जाये के बा। फाइनल 7 अक्टूबर के होई। भारत, पाकिस्तान, श्रीलंका आ बांग्लादेश के मेंस क्रिकेट इवेंट में सीधा क्वार्टर फाइनल में एंट्री मिलल रहे।

तिलक वर्मा के नाबाद अर्धशतक तिलक वर्मा सानदार बैटिंग करत अर्धशतक जड़लें। टीम इंडिया खातिर तिलक वर्मा नाबाद 55 रन बनवलें। ऊ 26 गेना पs 6 छक्का आ 2 चौका लगवलें। ऋतुराज गायकवाड नाबाद 40 रन बनवलें। ओहिजा, यशस्वी जयसवाल बिना खाता खोललही आउट हो गइलें। बांग्लादेश के ओर से रिपन मंडल के एगो विकेट मिलल

अइसे गिरल भारत के विकेट…

यशस्वी जयसवाल- 0 रन: पहिला ओवर के चउथा गेना पs रिपन मंडल यशस्वी के मृत्युंजय चौधरी के हाथन कैच करवलें।

साई किशोर लेलें 3 विकेट

भारत टॉस जीतके पहिले फील्डिंग के फैसला कइलस। जाकिर अली 24 रन बनाके नाबाद रहलें। भारत के तरफ से आर साई किशोर सबसे जादे तीन विकेट झटकलें। वॉशिंगटन सुंदर के दु विकेट मिलल। अर्शदीप सिंह, तिलक वर्मा, डेब्‍यूटेंट शाहबाज अहमद आ रवि बिश्‍नोई एक-एक विकेट लिहल लो।

अइसे गिरल बांग्लादेश के विकेट

पहिला: महमूद हसन – 5 रन: 5वां ओवर के दूसरका बॉल पs साई किशोन  महमूद हसन के यशस्वी जायसवाल के हाथन कैच करवलें।

दूसरका: सैफ हसन- 1 रन: छठा ओवर के चउथा बॉल पs वॉशिंगटन सुंदर सैफ हसन के रिंकू सिंह के हाथन कैच करवलें।

तीसरा: जाकिर हसन-0 रन: छठा ओवर के आखिरी बॉल पs वॉशिंगटन सुंदर जाकिर हसन के यशस्वी जायसवाल के हाथन कैच करवलें।

चउथा: परवेज हुसैन- 23 रन: 9वां ओवर के चउथा गेना पs तिलक वर्मा परवेज हुसैन के ऋतुराज गायकवाड़ के हाथन कैच करवलें।

पांचवां: शहादत हुसैन- 5 रन- 10 वां ओवर के तीसरका गेना पs साईं किशोर शहादत हुसैन के तिलक वर्मा के हाथन कैच करवलें।

छठा :अफिफ हुसैन – 7 रन, 13वां ओवर के चउथा गेना पs साई किशोर ने अफिफ हुसैन के शिवम दुबे के हाथन कैच करवलें।

सातवां : मृत्युंजय चौधरी- 4 रन: 16वां ओवर के पांचवां गेना पs रवि बिश्नोई मृत्युंजय चौधरी के विकेट के पीछे जितेश शर्मा के हाथन कैच करवलें।

आठवां: रकीबुल हसन- 14 रन: 17वां ओवर के छठा गेना पs शहबाज अहमद रकीबुल हसन के तिलक वर्मा के हाथन कैच करवलें।

नौवां: रिपन मंडल- 0 रन: 20वां ओवर के आखिरी गेना पs अर्शदीप सिंह रिपन मंडल के रिंकू सिंह के हाथन कैच करवलें।

दुनों टीमन के प्लेइंग-11

भारत: ऋतुराज गायकवाड (कप्तान), यशस्वी जायसवाल, तिलक वर्मा, जितेश शर्मा, शिवम दुबे, रिंकू सिंह, वॉशिंगटन सुंदर, शाहबाज अहमद, साई किशोर, रवि बिश्नोई आ अर्शदीप सिंह।

बांग्लादेश: सैफ हसन (कप्तान), परवेज हुसैन, महमूद हसन जॉय, जाकिर हसन, अफिफ हुसैन, शहादत हुसैन, जाकिर अली, रकीबुल हसन, मृत्युंजय चौधरी, हसन मुराद आ रिपन मंडल।

656400cookie-checkक्रिकेट टीम एशियन गेम्स के फाइनल में: सेमीफाइनल में बांग्लादेश के 9 विकेट से हरवलस; पाकिस्तान भा अफगानिस्तान से होई

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.