[the_ad_group id="30365"]

Asia Cup Hockey: राजकुमार पाल भारत के दिलवले ब्रॉन्ज मेडल, मेंस हॉकी टीम जापान को 1-0 से देलस मात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

India vs Japan Score Asia Cup Hockey 2022:

भारतीय मेंस हॉकी टीम जापान के 1-0 से हराके एशिया कप 2022 के ब्रॉन्ज मेडल जीत लेलस। मलेशिया के जकार्ता में खेलल गइल मैच में भारतीय टीम खातिर राजकुमार पाल छठा मिनट में एकमात्र गोल कइले। अंतिम मिनट में 10 खिलाड़ियन के साथे खेलला के बावजूद भारतीय मेंस हॉकी टीम जापान के बराबरी ना करे देलस। मुकाबला में जापान के 7 आ भारत को दु गो पेनल्टी कॉर्नर मिलल। एशिया कप में भारतीय टीम दूसरा बेर ब्रॉन्ज मेडल अपना नामे कइलस।

Asia Cup Hockey: राजकुमार पाल ने भारत को दिलाया ब्रॉन्ज मेडल, मेंस हॉकी टीम ने जापान को 1-0 से दी मात

भारत पहिला पांच मिनट में बहुते हमला बोलल बाकिर ओकरा डी के भीतर कामयाबी ना मिलल। ओइसे छठा मिनट में उत्तम सिंह जवाबी हमला पs दहिना फ्लैंक से राजकुमार के गेना सउपले जे जापानी गोलकीपर तकाशी योशिकावा के छकाके गोल दाग देले। तीन मिनट बाद भारत के लगातार दु गो पेनल्टी कॉर्नर मिलले बाकिर गोल ना हो सकल।

पहिला क्वार्टर के आखिरी पांच मिनट में जापान बराबरी के गोल दागे के बहुत कोसिस कइलस बाकिर भारतीय रक्षापंक्ति बहुते मजबूत दिखल। जापान के 20 वा मिनट में दु गो पेनल्टी कॉर्नर मिलल जवना के भारतीय रक्षापंक्ति गोल में बदले ना देलस। दूसरा क्वार्टर में दुनों टीम कव गो मवला बनावल बाकिर तीसरा क्वार्टर में लय कायम ना राख सकल।

ब्रेक के बाद जापान आक्रामक खेल दिखाके फेर लगातार दु पेनल्टी कॉर्नर बनवलस बाकिर भारतीय रक्षण के भेद ना सकल। भारत के एगो आउर गोल करे के मौका मिलल लेकिन एस वी सुनील के पास पर राजकुमार के शॉट ऊपर से निकल गइल। आखिरी के दु क्वार्टर में जापानी खेलाड़ी बहुत कोसिस कइल बाकिर बीरेंद्र लाकड़ा के अगुवाई में भारतीय रक्षण बहुत चुस्त रहे।। जापान के 48 वां मिनट में तीन पेनल्टी कॉर्नर लगातार मिलल जवना पर गोल ना हो सकल।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]