Asia Cup Hockey: भारत-कोरिया के बीच ड्रॉ भइल मुकाबला, जापान से होई ब्रॉन्ज मेडल खातिर भिड़ंत

By Anurag Ranjan

Published on: May 31, 2022

India vs South Korea In Asia Cup Hockey 2022: गत चैम्पियन भारतीय हॉकी टीम आ दक्षिण कोरिया के बीच सुपर 4 चरण के आखिरी राउंड रॉबिन लीग मैच 4-4 से ड्रॉ पs खतम भइल। ई

Share

India vs South Korea In Asia Cup Hockey 2022: गत चैम्पियन भारतीय हॉकी टीम आ दक्षिण कोरिया के बीच सुपर 4 चरण के आखिरी राउंड रॉबिन लीग मैच 4-4 से ड्रॉ पs खतम भइल। ई मैच भारतीय टीम खातिर फाइनल के लिहाज से बहुते अहम रहे। एह ड्रॉ के बाद भारत अब जापान के खिलाफ तीसरा स्थान के मैच खेली। जबकि कोरिया बेहतर गोल अंतर के कारण फाइनल में पहुंच गइल बा। जहां ओकर सामना मलेशिया से होई।

नीलम संजीप 8 वा मिनट में भारत खातिर पहिला गोल कइले, जेकरा बाद कोरिया दू गोल दगलस आ फेर 20 वा मिनट में मनिंदर सिंह गोल कs के स्कोर बराबर कs देले। शेषे गौड़ा कुछ देर में भारत के बढ़त दिलवले बाकिर कोरिया के किम 27 वा मिनट में गोल कs के स्कोर के फेर बराबरी पs कs देले। मरीस्वरन शक्तिवेल तीसरा क्वार्टर में गोल कs के भारत के बढ़त दिलवले। जंग मांजे गोल कs के फेर स्कोर बराबर कइले। चउथा क्वार्टर में कवनो गोल ना भइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.