[the_ad_group id="30365"]

जेतना जगह ओतने सड़क : गोरखपुर के एच.एन.सिंह चौराहा से गोरखनाथ मंदिर तक जाम के झंझट दूर हो जाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एच.एन.सिंह चौराहा से हड़हवा फाटक, जगेसर पासी चौराहा होके गोरखनाथ मंदिर जाए में आसानी होई। एह सड़क के फोर लेन बनावल जाई| एह 4.230 किलोमीटर लंबा सड़क में से 2.8 किलोमीटर के टू लेन अउरी बाकी के फोर लेन बनावल जाई।

लगभग चार किलोमीटर लंबा ए सड़क के निर्माण में 1,30,79000 (एक करोड़ तीस लाख उनअसी हजार) खर्च होई। व्यय वित्त समिति आपन मंजूरी दे दिहले बिया| जीओ जारी होखला के बाद निविदा प्रक्रिया शुरू कईल जाई। एचएन सिंह चौक से शुरू होके ई सड़क हड़हवा फाटक होके गोरखनाथ मंदिर जाई। जबकि एगो सड़क उत्तर हुमायूँपुर चौक से तरंग क्रासिंग के ओर जाई।

लोक निर्माण विभाग के अधिकारी बतवले कि सड़क एचएन सिंह चौक से 1200 मीटर लंबाई में दु लेन के होई। एकरा सामने से हड़हवा फाटक से तनी आगे तक सड़क के फोर लेन बनावल जाई। हुमायूँपुर चौराहा से गोरखनाथ थाना तक एगो सड़क जाई, उ दु लेन के होई। दूसरा सड़क जहां तरंग क्रासिंग चौराहा तक जाई, उहें दू लेन भी होई। एह सड़क के किनारे बिजली के खंभा हटा दिहल जाई। इहाँ भूमिगत बिजली के केबल बिछावल जाई। नाली खातिर सड़क के दुनो ओर नाली बनावल जाई।

 

दूसर ओर रेलवे ओवरब्रिज के निर्माण भी हड़हवा फाटक पे होखे के बा। ब्रिज कॉरपोरेशन आपन डीपीआर बना रहल बा। काम अंतिम चरण में बा। लोक निर्माण विभाग के मुताबिक आरओबी के डीपीआर मुख्यालय पहुंचला के बाद फोर लेन के निविदा के प्रक्रिया शुरू क दिहल जाई।

 

लोक निर्माण विभाग के मुख्य अभियंता आरबी सिंह बतवले कि एचएन सिंह चौराहा से गोरखनाथ मंदिर आ तरंग क्रासिंग तक फोर लेन बनावे खातीर डीपीआर तैयार क के सरकार के भेजल गईल बा। ए सड़क के खासियत इ होई कि जहां-जहां जगह मिली, उहाँ फोर लेन होई। जहां जगह ना होई ओहिजा दु लेन बनावल जाई। व्यय वित्त समिति से मंजूरी मिल गइल बा| लेकिन, जियो अभी तक रिलीज नईखे भईल। हड़हवा फाटक पे फोर लेन आरओबी बनावे के बा। जबले ओकर डीपीआर अंतिम ना हो जाई तबले जीओ जारी ना हो सकेला|

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]