[the_ad_group id="30365"]

Arwal News: अरवल में ‘एड्स’ बीमारी मचवलस हड़कंप, 336 मरीज मिलला से डेरइले लोग; दोसर गांवों के लोग भइल अलर्ट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Arwal News: अरवल में 336 एड्स के मरीज मिलला के बाद हलचल मच गइल बा। डाक्टरो लोग हैरान बाड़े। बेमारी के बढ़त देख डाक्टर लोग एकरा खातिर बइठक करवले। बइठक में एगो सिविल सर्जन कहले कि एड्स एगो खतरनाक बेमारी ह बाकिर चिंता के बात ई बा कि एह जिला में एड्स तेजी से फइल रहल बा।

सिविल सर्जन कार्यालय के सभागार में सिविल सर्जन डॉ. राय कमलेश्वर नाथ सहाय के अध्यक्षता में एड्स पर चर्चा के आयोजन भइल। चर्चा में शिक्षा विभाग, आईसीडीएस, जीविका आ नेहरू युवा केन्द्र के सहभागिता रहे। सिविल सर्जन कहले कि एड्स एगो खतरनाक बेमारी हऽ, बाकिर चिंता के बात इ बा कि एह जिला में एड्स तेजी से फैल रहल बा।

जिला में 336 एड्स संक्रमित मरीज बाड़े आ हर महीना तीन से चार नया मरीज मिल रहल बाड़े। एकरा खातिर जन जागरूकता जरूरी बा।

12 अगस्त से 12 अक्टूबर तक 200 गांव में जागरूकता अभियान चलावल जाई। संक्रामक रोग अधिकारी डॉ. बैजनाथ प्रसाद कहलन कि ई बेमारी खइला भा छूला से ना होखे। एह बेमारी से पीड़ित आदमी के हमेशा अपना के सम्हारे के जरूरत होखेला।

 सेक्स वर्कर महिला के खिलाफ मुकदमा दर्ज करावल गइल

औरंगाबाद जिला के एगो महिला अरवल सदर थाना में रेड लाइट इलाका के सेक्स वर्कर के खिलाफ मुकदमा दर्ज करवले बिया। महिला के मुताबिक, सेक्स वर्कर के ओर से उनकर पति ओकरा प्रेम के जाल में फंस गइले आ उऽ उनकर संपत्ति हड़प लेलस।

हाल ही में पति आपन पैतृक जमीन बेच के सेक्स वर्कर के चार लाख रुपया देले। जवना दिन ओकर पति जमीन बेच दिहले ओह दिन घरे ना लवटले। पिछला 8 अगस्त के रात में हमरा पति के मोबाइल से फोन आईल कि आपके पति के हालत बहुत गंभीर बा अवुरी उ पटना पीएमसीएच में भर्ती बाड़े। इ जानकारी खुद सेक्स वर्कर देले बिया।

आशंका बा कि पति से पीट-पीट के पइसा छीनला के बाद आरोपी महिला गंभीर हालत में अस्पताल ले जाके भाग गईल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]