Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ये काला कानून जनतंत्र के खिलाफ, वोट के ताकत छिनल गइल.. राज्यसभा में दिल्ली सेवा बिल पास होखला के बाद PM पs बरसलें केजरीवाल

Delhi Services Bill On Rajya Sabha: दिल्ली सेवा बिल राज्यसभा में पास हो चुकल बा। राज्यसभा से दिल्ली सर्विस बिल पास होखला के तुंरत बाद दिल्ली के सीएम आ आम आदमी पार्टी के संयोजक अरविंद केजरीवाल के प्रक्रिया सामने आइल। केजरीवाल एह बिल के पास होखला पs नाराजगी जतवलें। ऊ पीएम मोदी के दिल्ली के सरकार में दखल देलो पs आपत्ति जाहिर कइलें।

1,017

केंद्र सरकार के तरफ से पेश कइल गइल दिल्ली सर्विस बिल सोमार के लमहर बहस के बाद राज्यसभा से पास हो गइल। राज्यसभा में दिल्ली सेवा बिल के समर्थन में 131 वोट पड़ल बा। एह बिल के लोकसभा से पहिले मंजूरी मिल चुकल बा। राज्यसभा से बिल के मंजूरी मिलला के तुरंत बाद दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल के सख्त प्रतिक्रिया सामने आइल बा।

केजरीवाल कहलें,

‘प्रधानमंत्री जी, ई करिया कानून जनतंत्र के खिलाफ बा, जनतंत्र के कमजोर करत बा। जदि जनतंत्र कमजोर होत बा तs हमनी के भारत कमजोर होत बा। पूरा देस समझ रहल बा कि एह बिल के माध्यम से कइसे रउआ दिल्ली के लोगन के वोट के ताकत के छीन रहल बानी। दिल्ली के लोगन के गुलाम आ बेबस बना रहल बानी। उनका सरकार के निरस्त कs रहल बानी। हम रउआ जगह पs होखती तs कबो अइसन ना करती। जदि कबो देस आ सत्ता में चुने के होई तs देस खातिर सौ सत्ता कुर्बान। सत्ता तs का, देस खातिर सौ बेर  आपन प्राण तक कुर्बान।’

एसे साफ जाहिर बा कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी कह रहल बाड़ें कि हम सुप्रीम कोर्ट के ना मानेनी। दिल्ली के जनता आम आदमी पार्टी के जिताकर साफ कहले बिया कि दिल्ली में दखलअंदाजी मत करिहs बाकिर मोदी जी जनता के बात नइखन सुनल चाहत।- दिल्ली के सीएम अरविंद केजरीवाल

केजरीवाल केंद्र पs हमला करत कहलें, ‘संसद में अमित शाह कहलें कि हमनी के लगे कानून पारित करे के शक्ति बा। रउआ के लोगन खातिर काम करे के शक्ति दिहल गइल बा, ओकर अधिकार छीने खातिर ना।’ दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल कहलें, हम जवन कुछ करेनी दिल्ली के जनता ओमे हमार समर्थन करेले आ ऊ लोग हमरा के चुनाव में जीत दिलाके आपन समर्थन देखवले बा लो। भाजपा खाली हमनी के अच्छा काम के रोके के कोसिस कs रहल बिया। ऊ विकास काम में बाधा डाल रहल बा लो। ऊ हमरा के काम करे से रोके के कोसिस कs रहल बा लो। अबकी बार जनता ओह लोगन के कवनो सीट ना जीते दी’

‘मनमोहन सिंह जी आ शिबू सोरेन जी के आभार’

केजरीवाल कहलें, बीजेपी के ओर से ले आवल गइल एह गैर कानूनी आ करिया कानून के खिलाफ संसद के अंदर आ बाहर बहुत सारा पार्टी, बहुत सारा नेता लोग दिल्ली के लोगन के साथ दिहल, एह समर्थन आ साथ खातिर ओह सब नेता आ सब पार्टियन के दिल्ली के 2 करोड़ लोगन के तरफ से हम तहे दिल से धन्यवाद करत बानी। खास कs के पूर्व प्रधानमंत्री डॉ० मनमोहन सिंह जी आ JMM अध्यक्ष श्री शिबू सोरेन जी स्वास्थ के नजरिया से विपरीत परिस्थितियन के बावजूद संसद में आइल लो, दुनो वरिष्ठ नेता लोगन के सब दिल्लीवासियन के तरफ से बहुत-बहुत आभार।

621140cookie-checkये काला कानून जनतंत्र के खिलाफ, वोट के ताकत छिनल गइल.. राज्यसभा में दिल्ली सेवा बिल पास होखला के बाद PM पs बरसलें केजरीवाल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.