[the_ad_group id="30365"]

प्रदेश के कला-संस्कृति संस्थानन में गोवि के कलाकारन के मिलल जगह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर : राज्य सरकार अपना कला संस्कृति विभाग के अधिकारी मंडल के पुनर्गठन कइले बिया। एह पुनर्गठन में सरकार गोरखपुर के कलाकारन पs खास ध्यान देले बिया। अलग अलग संस्था के टीम में अलग अलग विधा के चार गो कलाकारन के जगह दिहल गइल बा। गायक डॉ मिथिलेश तिवारी के बिरजू महाराज कथक संस्थान के उपाध्यक्ष बनावल गइल बा। रंगकर्मी आ फिल्म अभिनेता मनवेन्द्र त्रिपाठी के भारतेंदु नाट्य अकादमी के सदस्य बनावल गइल बा।चित्रकार डॉ. कुमुद सिंह के लोक आदिवासी संस्थान में सदस्य के रूप में जगह दिहल गइल बा। चित्रकार डॉ. संदीप कुमार श्रीवास्तव के राज्य ललित कला अकादमी के सदस्य बनावल गइल बा। सभे कलाकार अगिला तीन साल तक आपन पद पर रहीहें, जब तक कि राज्य सरकार ओह लोग के पद भा सदस्यता खतम करे के फैसला ना करी। डॉ. मिथिलेश तिवारी अपना संगीत कला के प्रदर्शन देश के विभिन्न जगहा पर ना विदेशो में कइले बाड़ी। देश के कई जगहा के अलावा रंगकर्मी मानवेंद्र रंगमंच खातिर अमेरिका, श्रीलंका, सूरीनाम, त्रिनिदाद, गुयाना, मारीशस आ फिजी के यात्रा कइले बाड़े।

कई गो देसन में उऽ लोग प्रशिक्षण कार्यशाला के आयोजन कइले बाड़े। अबहीं ले 20 गो नाटक के निर्देशन कइले बाड़न आ पाँच गो नाटक लिख चुकल बाड़न। डॉ. कुमुद सिंह अपना लोक चित्रकला खातिर जानल जालें। देश के मशहूर आर्ट गैलरी में उऽ आपन प्रतिभा के प्रदर्शन कइले बाड़े। चित्रकार डॉ. संदीप श्रीवास्तव धरोहर फोटो आ पेंटिंग के माध्यम से कला जगत में आपन प्रतिभा के छाप छोड़ले बाड़े। कला के माध्यम से धरोहर के संरक्षण के जिम्मेदारी उऽ उठा लेले बाड़े। ई सब कलाकार अपना नामांकन खातिर मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के आभार जतवले बाड़न। इहो कहल लो कि हमनी के अपना पद पs खरा उतरे के हर संभव कोशिश करब।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]