Jammu Kashmir: पुंछ में बारूदी सुरंग विस्फोट में सेना के हवलदार बलिदान, एलओसी पs करत रहलें गश्त

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 10, 2024

Jammu Kashmir : पुंछ में भारत-पाकिस्तान नियंत्रण रेखा (एलओसी) पs सावजियां सेक्टर में सोमार के देर सांझ बारूदी सुरंग विस्फोट में सेना के हवलदार बलिदान हो गइलें। बलिदान जवान के पहचान सेना के 25 आरआर

Share

Jammu Kashmir : पुंछ में भारत-पाकिस्तान नियंत्रण रेखा (एलओसी) पs सावजियां सेक्टर में सोमार के देर सांझ बारूदी सुरंग विस्फोट में सेना के हवलदार बलिदान हो गइलें। बलिदान जवान के पहचान सेना के 25 आरआर के हवलदार वी सुब्बैया वरिकुंटा निवासी चेन्नई के रूप में भइल बा।

जानकारी के मोताबिक, घटना सोमार के देर सांझ करीब पौने चार बजे के हs। मंडी तहसील के सावजियां सेक्टर में सेना के 25 आरआर के जवान जीरो लाइन के लगे थानेदार टेकरी क्षेत्र में गश्त करत रहलें। एह दौरान हवलदार वरिकुंटा बारूदी सुरंग के चपेट में आ गइलें। विस्फोट में ऊ गंभीर रूप से घायल हो गइलें। उनका के तुरंत प्राथमिक उपचार दिहल गइल। बाकिर ऊ जख्मन के ताव ना सहत देस खातिर बलिदान हो गइलें।

जीओसी व्हाइटनाइट कॉर्प्स बलिदानी के देलस श्रद्धांजलि

जीओसी व्हाइटनाइट कॉर्प्स बलिदानी हलवदार के श्रद्धांजलि अर्पित कइले बा। सैन्य प्रवक्ता एक्स पs डालल पोस्ट में लिखलें कि हवलदार वी सुब्बैया वरिकुंटा सर्वोच्च बलिदान देले बाड़ें। जीओसी व्हाइटनाइट कॉर्प्स आ सब केहू रैंक 25 आरआर के बहादुर जवान के श्रद्धांजलि देत बा। शोक संतप्त परिवार के प्रति हमनी के गहिराह संवेदना बा। एह दुख के घड़ी में हमनी के उनका संगे खड़ा बानी सs।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.