अर्जुन सिंह बनलें लोहिया वाहिनी के राष्ट्रीय सचिव, कपरवार में भइल भव्य स्वागत

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 29, 2025

देवरिया। समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष अखिलेश यादव के स्वीकृति से कपरवार निवासी अर्जुन सिंह के समाजवादी लोहिया वाहिनी के राष्ट्रीय कार्यकारिणी में राष्ट्रीय सचिव नामित कइल गइल बा। उनकर एह उपलब्धि पs क्षेत्र के कार्यकर्ता

Share

देवरिया। समाजवादी पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष अखिलेश यादव के स्वीकृति से कपरवार निवासी अर्जुन सिंह के समाजवादी लोहिया वाहिनी के राष्ट्रीय कार्यकारिणी में राष्ट्रीय सचिव नामित कइल गइल बा। उनकर एह उपलब्धि पs क्षेत्र के कार्यकर्ता लोग सोमार के कपरवार तिराहा पs फूल-माला से उनकर भव्य स्वागत कइल।

कार्यकर्ता लोग विश्वास जतावल कि अर्जुन सिंह के नियुक्ति से संगठन के मजबूती मिली आ समाजवादी विचारधारा के नया दिशा मिली।

एह अवसर पs मुरली मनोहर जयसवाल, अनिल यादव, संतोष यादव, अनिल गोस्वामी, बीजेपी नेता अभयानंद तिवारी, सुनील विश्वकर्मा, बृजेश यादव, बलिन्द्र चौहान, अफताब आलम, राधेश्याम रावत, धर्मचंद जयसवाल, राजकुमार बारी, नूर मोहम्मद, आबीद अली, नूरुल हक अंसारी, दीपक यादव, धीरज यादव, जयसंवत यादव, रामप्रकाश यादव सहित कइयन गो आउर लोग उपस्थित रहल।

Read Also: टीवी आ इंटरनेट मीडिया निगल रहल बा मासूमियत, सरकार असहाय: हाई कोर्ट

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.