[the_ad_group id="30365"]

Apprentice 2024: मशीन टूल प्रोटोटाइप फैक्ट्री में ट्रेड अप्रेंटिस पदन पऽ हो रहल बा भर्ती, ऑफलाइन माध्यम से कइल जा सकऽता आवेदन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Apprentice 2024: मशीन टूल प्रोटोटाइप फैक्ट्री अंबरनाथ में आईटीआई आ गैर आईटीआई अप्रेंटिस पदन के भरे खातिर भर्ती निकालल गइल बा। कवनो अभ्यर्थी जदि 10वीं/ ITI पास बाड़े आ सरकारी नौकरी चाहऽ ताड़े तऽ उऽ बिना देरी कइले ऑफलाइन माध्यम से 2 जुलाई 2024 ले एप्लीकेशन फॉर्म जमा कर सकऽत बाड़े।  एह भर्ती के माध्यम से कुल 90 रिक्त पदन पs नियुक्ती कइल जाई।

सरकारी नौकरी के तलाश कर रहल अइसन अभ्यर्थी जवन 10th/ ITI उत्तीर्ण बाड़े उनका खातिर सुनहरा मौका बा। मशीन टूल प्रोटोटाइप फैक्ट्री अंबरनाथ के ओर से आईटीआई आ नॉन आईटीआई अप्रेंटिस पदन पs भर्ती निकालल गइल बा। एह भर्ती में भाग लेवे खातिर अभ्यर्थी ऑफलाइन माध्यम से आवेदन प्रक्रिया पूर्ण कऽ सकिहें। एप्लीकेशन फॉर्म निर्धारित पता पs भेजे के अंतिम तिथि 2 जुलाई 2024 तय कइल गइल बा। फॉर्म भरे से पहिले उम्मीदवार भर्ती खातिर योगता के जांच जरूर कऽ लेस।

एह भर्ती में आवेदन खातिर सबसे पहिले ऑफिशियल वेबसाइट avnl.co.in पs जाके ऑफलाइन आवेदन पत्र डाउनलोड करे के होई। एकरा बाद ओकरा मे पूर्ण रूप से भरकर आ सब आवश्यक दस्तावेज अटैच कऽ के ओकरा के निर्धारित पता पs 2 जुलाई भा ओकरा से पहिले जमा करे के होई।

गैर आईटीआई पदन पर आवेदन खातिर अभ्यर्थी के कवनो मान्यता प्राप्त बोर्ड से 10वीं कक्षा भा एकरा  समकक्ष न्यूनतम 50 प्रतिशत अंकन के साथे उत्तीर्ण भइल जरूरी बा। अभ्यर्थी 10वीं में गणित आ विज्ञान दुनु विषयन में न्यूनतम 40% अंक प्राप्त कइले होखस।

आईटीआई पदन पs आवेदन खातिर अभ्यर्थी 10वीं कक्षा आ आईटीआई दुनु में न्यूनतम 50 फीसदी अंकन के साथे पास कइले होखे। एकरा साथही आवेदन के समय अभ्यर्थी के कम से कम उमिर 15 बरिस आ बेसी से बेसी उमिर 24 बरिस तय कइल गइल बा। आरक्षित श्रेणी से आवे वालन उम्मीदवारन के ऊपरी आयु में नियमानुसार छूट दिहल जाई।

भर्ती विवरण

एह भर्ती के माध्यम से कुल 90 रिक्त पदन पs नियुक्ति कइल जाई। एमें से नॉन आईटीआई पदन खातिर कुल 47 पद आ आईटीआई पदन खातिर कुल 43 पद आरक्षित बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]