Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कॉलेज एडमिशन: UCEED, CEED 2024 खातिर 31 अक्टूबर तक करीं आवेदन, 21 जनवरी के एग्जाम, 8 मार्च के रिजल्ट 

1,563

भारतीय प्रौद्योगिकी संस्थान, बॉम्बे कॉमन एंट्रेंस एग्जाम फॉर डिजाइन (CEED 2024) आ अंडरग्रेजुएट कॉमन एंट्रेंस एग्जाम फॉर डिजाइन UCEED 2024) खातिर ऑनलाइन आवेदन प्रक्रिया फिलहाल जारी बा। उम्मीदवारन के 31 अक्टूबर, 2023 तक आवेदन के मौका मिली। उम्मीदवार यूसीईईडी, सीईईडी 2024 खातिर ऑफिशियल वेबसाइट ceed.iitb.ac.in आ uceed.iitb.ac.in के माध्यम से आवेदन कs सकत बा। ह

यूसीईईडी आ सीईईडी परीक्षा 2024 खातिर लेट फीस के संगे ऑनलाइन आवेदन फॉर्म 8 नवंबर 2023 तक भरल जा सकत बा। एग्जाम ऑथोरिटी सीईईडी, यूसीईईडी 2024 एडमिट कार्ड 5 जनवरी, 2023 के जारी करी।

सीईईडी 2024 : एजुकेशनल क्वालिफिकेशन :

12वीं के बाद तीन साल के पीजी प्रोग्राम।

ऊ उम्मीदवार एलिजिबल होई ले जे जुलाई 2024 तक एह कोर्स के फाइनल एग्जाम में सामिल होई लो भा जुलाई 2024 तक जीडी आर्ट्स डिप्लोमा (10+5 लेवल) प्रोग्राम में पास होखे लो।

यूसीईईडी 2024 : एजुकेशनल क्वालिफिकेशन :

कक्षा 12वीं भा समकक्ष परीक्षा पास भा 2024 में पहिला बेर योग्यता परीक्षा में सामिल होखे के चाहीं।

साइंस, कॉमर्स, आर्ट्स आ ह्ययूमैनिटी सहित सब स्ट्रीम के छात्र यूजी डिजाइन एडमिशन खातिर आवेदन कs सकत बा लो।

जनवरी में होई परीक्षा :

यूसीईईडी आ सीईईडी परीक्षा 21 जनवरी के सबेरे 9 बजे से दुपहरिया 12 बजे तक आयोजित कइल जाई। सीईईडी 2024 परीक्षा के रिजल्ट 6 मार्च आ यूसीईईडी 2024 के रिजल्ट 8 मार्च के रिलीज होई।

अइसे करीं आवेदन :

  • ऑफिशियल वेबसाइट ceed.iitb.ac.in आ uceed.iitb.ac.in पs जाई।
  • UCEED, CEED 2024 खातिर रजिस्ट्रेशन लिंक पs क्लिक करीं।
  • स्क्रीन पs एगो नया लॉग इन विंडो दिखाई दी।
  • दिहल गइल पैटर्न में संबंधित डॉक्यूमेंट्स अपलोड करीं।
  • रजिस्ट्रेशन फीस के ऑनलाइन भुगतान करीं।
  • आगे के जरूरत खातिर एकर प्रिंट लेके रखीं।
668650cookie-checkकॉलेज एडमिशन: UCEED, CEED 2024 खातिर 31 अक्टूबर तक करीं आवेदन, 21 जनवरी के एग्जाम, 8 मार्च के रिजल्ट 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.