[the_ad_group id="30365"]

डीडीयू: यूपी के एह विश्‍वविद्यालय में लेहल चाहत बानी प्रवेश तs तुरंत करीं आवेदन, 8 जून बा आखिरी तारीख

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय में स्नातक, परास्नातक आ शोध प्रवेश परीक्षा खातिर आवेदन के तिथि के बढ़ा दिहल गइल बा। अब इच्छुक अभ्यर्थी आठ जून तक आनलाइन आवेदन कs सकी लो।

प्रवेश प्रकोष्ठ के निदेशक प्रो. हर्ष कुमार सिन्हा बतवलें कि परास्नातक आ शोध पात्रता परीक्षा खातिर पहिले आनलाइन पंजीकरण के अंतिम तिथि 22 मई तक घोषित भइल रहे। बीतल कुछ दिनन में अभ्यर्थी प्रमाणपत्र प्राप्त होखे में हो रहल देरी के समस्या बतवले रहे लो।

ओह लोगन के अनुरोध के देखते कुलपति प्रो. पूनम टंडन विद्यार्थी हित में आनलाइन आवेदन के अंतिम तिथि आठ जून तक बढ़ावे के निरदेस देली। अब सब परीक्षा खातिर अभ्यर्थी आठ जून तक पंजीकरण आ शुल्क जमा कs सकी लो। पूरित फार्म के आनलाइन जमा करे के अंतिम तिथि 10 जून निर्धारित कइल गइल बा।

एमजीपीजी में बीएससी इलेक्ट्रानिक्स के प्रैक्टिकल 27 के

महात्मा गांधी पीजी कालेज में बीएससी चतुर्थ सेमेस्टर इलेक्ट्रानिक्स के प्रयोगात्मक परीक्षा 27 मई के होई। प्राचार्य प्रो. अनिल कुमार सिंह बतवलें कि विस्तृत जानकारी प्राप्त करे खातिर संबंधित विद्यार्थी विभाग से संपर्क कs सकेला लो।

संगही सब विद्यार्थी उपरोक्त तिथि के कालेज के यूनिफार्म, आईडी कार्ड, अपना प्रैक्टिकल रिकार्ड आ प्रयोग संबंधी उपकरण आदि के संगे निर्धारित समय से उपस्थित होखे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]