[the_ad_group id="30365"]

सरकारी नौकरी: SBI पीओ भर्ती खातिर आवेदन के तारीख बढ़ल, अब 3 अक्टूबर तक करीं अप्लाई, एग्जाम आ इंटरव्यू से सिलेक्शन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

SBI प्रोबेशनरी ऑफिसर (PO) भर्ती 2023 खातिर आवेदन के आखिरी तारीख 3 अक्टूबर तक खातिर बढ़ा दिहल गइल बा। एकरा पहिले ई तारीख 27 सितंबर रहे। उम्मीदवार ऑनलाइन माध्यम से ऑफिशियल वेबसाइट ibpsonline.ibps.in पs जाके फॉर्म भर सकत बा लो।

जरूरी डेट्स :

  • एसबीआई पीओ नोटिफिकेशन-6 सितंबर 2023
  • एसबीआई पीओ प्रीलिम्स एडमिट कार्ड-अक्टूबर के दूसरका सप्ताह में
  • एसबीआई पीओ प्रीलिम्स रिजल्ट – नवंबर भा दिसंबर महीना में
  • ऑनलाइन मेन एग्जाम : दिसंबर भा जनवरी
  • साइकोमेट्रिक टेस्ट : जनवरी भा फरवरी
  • इंटरव्यू आ ग्रुप एक्सरसाइज : जनवरी भा फरवरी

एज लिमिट :

एसबीआई में पीओ खातिर आयु सीमा कम से कम 21 साल आ अधिकतम 30 साल होखे के चाहीं। हालांकि आरक्षित कैटेगरी में आवे वाला उम्मीदवारन के अधिकतम आयु सीमा में छूट दिहल जाई।

एजुकेशनल क्वालिफिकेशन :

कवनो मान्यता प्राप्त विश्वविद्यालय से कवनो विषय में ग्रेजुएशन भा मान्यता प्राप्त कवनो समकक्ष योग्यता।

ग्रेजुएशन कs रहल फाइनल ईयर भा सेमेस्टर के स्टूडेंट्स आवेदन कs सकत बा लो।

केतना बार दे सकत बानी एसबीआई पीओ भर्ती परीक्षा :

  • जनरल/ईडब्ल्यूएस : 4
  • जनरल/ईडब्ल्यूएस(दिव्यांग) : 7
  • ओबीसी : 7
  • ओबीसी दिव्यांग – 7
  • एससी/एसटी आ एह कैटेगरी के दिव्यांग- अनलिमिटेड

एप्लीकेशन फीस :

  • जनरल/ईडब्ल्यूएसऔर ओबीसी : 750 रुपिया
  • एससी/एसटी आ दिव्यांग : आवेदन फ्री

सिलेक्शन प्रोसेस :

एसबीआई में पीओ के पद पs फाइनल सिलेक्शन फेज-2 माने मेन्स एग्जाम आ फेज-3 (इंटरव्यू आ ग्रुप डिस्कशन) में मिलल स्कोर के आधार पs होई। जे सब राउंड क्लियर करी, ऊ प्रोबेशनरी ऑफिसर भा मैनेजमेंट ट्रेनी बनी।

सैलरी :

प्रोबेशनरी ऑफिसर भा मैनेजमेंट ट्रेनी खातिर सैलरी 41,960/- हजार रुपिया महीना आ पे स्केल 36000-1490/7-46430-1740/2-49910-1990/7-63840 रुपिया होई। सालाना सैलरी करीब पांच लाख रुपिया होई।

अइसे करीं आवेदन :

  • ऑफिशियल वेबसाइट sbi.co.in पs जाईं।
  • होम पेज पs RECRUITMENT OF PROBATIONARY OFFICERS पs जाईं आ Apply Online Link पs क्लिक करीं।
  • नया पेज पs Click here for New Registration पs क्लिक कs के रजिस्ट्रेशन करीं।
  • सब जानकारी भरके आवेदन पूरा करीं।
  • एकर एगो प्रिंट लेके रखीं।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]