Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Anupamaa 3rd July: माया के अपने वश में करिहें अनुपमा, चंद मिनटन में पलटी पूरा खेल

588

 

टीवी धारावाहिक ‘अनुपमा’ के कहानी उल्टा हो जाई। अनुपमा अईसन एगो ट्रम्प कार्ड फेंक दीहें कि माया चंट मिनटन में उनुका वश में आ जइहें। एतने ना, उ अनुपमा के बात तक माने लागिहे। उनकर बात पs भावुक हो जाई। बाकिर सवाल उठत बा कि का कवना तरह के जादू कइली अनुपमा कवना सोझा माया टिक ना पावल आईं आजु के एपिसोड में जवन कुछ भइल बा सब कुछ जानल जाव-

माया के आपन आपा खो बैठीहन

धारावाहिक के शुरुआत में देखावल जाई कि अनुपमा के चलते माया के आपा खतम हो जाई। अनुपमा के कपाड़िया घर से बाहर निकाल के उ अपना कमरा के ओर जईहे। तबे उनकर नजर गाड़ी के चाभी पs गिर जाई। चाभी के टकटकी लगा के कह दीहें, ‘तू हमरा सोझा कवनो दोसर रास्ता ना छोड़ले बाड़ू अनुपमा। अब अनुज में ई अनुपमा अध्याय आ आपन जिनगी हमेशा खातिर खतम करे के बा। अनुपमा, तोहार सब निशान मेटा देब।’ इ कहला के बाद माया चाभी लेके चल जइहें।

माया गाड़ी से अनुपमा के उड़ावे के कोशिश करीहे

कपाड़िया घर से निकलला के बाद अनुपमा अपना महतारी आ भाई के घरे भेज दिहे कि कुछ देर अकेले रहे के जरूरत बा। अनुपमा के अकेले देख के माया अनुपमा के ऊपर गाड़ी चलइले के योजना बनावेले। उ पूरा स्पीड में गाड़ी ले जाई अवुरी अनुपमा के टक्कर मार दिहे। आगे इहो देखावल जाई कि अनुपमा कापडिया घर से निकलला के बाद माया एह सब के कल्पना करे लागेले। उ अपना कमरा में जाके खीस में सब कुछ फेंके लागिहे।

अनुपमा माया के समझइहे

तबे अनुपमा आ जइहें। माया के कमरा मे ओकरा से बतियावे खातिर। पहिले ऊ सब सामान ठीक से सेट करीहें आ फेर माया के संभाल लीहें। अनुपमा के देख के माया खिसिया जइहें। जबकि अनुपमा, माया के भगवान गणपति के मूर्ति दिहे। गणपति बप्पा के देख के माया शांत हो जइहें। अनुपमा माया के समझा दिहे। ऊ कहिए कि जब भी रउरा लागे कि कवनो सहारा नइखे त याद राखीं कि गणपति बप्पा हमेशा रउरा साथे रहेलें आ उनकर हाथ हमेशा तोहरी माथा पs रहेला। जब भी खिसिया जाइब गणपति बप्पा के सोच।’

माया भावुक हो जइहें

एक ओर अनुज अवुरी शाह परिवार परेशान हो जईहे। दूसर ओर अनुपमा माया के ज्ञान देईहे। उ माया के साफ-साफ समझा दिहे कि ‘हमनी के एक संगे रहे के अधिकार ह।’ अगर अनुज आ हमरा एक संगे रहे के बा त हमनी के केहू ना रोक पाई। रहल बात अनुज छीने के त अनुज कबो राउर ना रहले। अनुज खाली अनुपमा के हवें। हम आपन अधिकार खाली अपना छोटी खातिर छोड़ले बानी। का रउवा कबो सोचले बानी कि राउर एह हरकतन के चलते छोटी पs का असर पड़ी? अनुपमा के बात सुनके माया भावुक हो जइहें।

 

 

 

585140cookie-checkAnupamaa 3rd July: माया के अपने वश में करिहें अनुपमा, चंद मिनटन में पलटी पूरा खेल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.