[the_ad_group id="30365"]

देईडीहां के अन्नपूर्णा प्रशिक्षित स्नातक शिक्षक हिंदी के पद पs भइली चयनित, क्षेत्र में खुसी के माहौल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरहज/अरविंद सिंह: राष्ट्रीय स्तर पs आयोजित नवोदय विद्यालय समिति के परीक्षा परिणाम में क्षेत्र के देईडीहां निवासी हरेंद्र तिवारी के पुत्री अन्नपूर्णा तिवारी 67 वीं रेंक पाके सफलता हासिल कइले बाड़ी। परिणाम स्वरुप इनकर टीजीटी प्रशिक्षित स्नातक शिक्षक हिंदी के पद पs चयन भइल बा।

सूचना आ प्रौद्योगिकी से पालिटेक्निक आ हिंदी साहित्य में परास्नातक अन्नपूर्णा लड़िकाइये से मेधावी रहल बाड़ी.. बड़ बहिन अनुपमा के चयन कुछ साल पहिले पू्र्व लोवर पीसीएस अधिकारी के रुप में भइल, तबे से इहो प्रतियोगी परीक्षा में सफल होखे के ठान लिहली.. बियफे के आइल परिणाम के जानकारी मिलतही परिवार में खुशियन के माहौल बन गइल। अत्यंत मध्यम वर्गीय परिवार के मां विमला देवी एगो निजी विद्यालय में शिक्षिका आ पिता कृषि कार्य पs निर्भर बाड़ें, ई अपना सफलता के श्रेय अपना माई बाबूजी के देले बाड़ी।

इनका सफलता पs नगर पंचायत अध्यक्ष श्वेता जायसवाल, अनुपमा तिवारी, रत्नाकर पांडेय, रविकांत उपाध्याय, डॉ० अजय मिश्र, राजेश्वर तिवारी, खड़क बहादुर यादव, अवनीश तिवारी, प्रभाकर उपाध्याय, ग्राम प्रधान रामनिवास चौरसिया आदि बधाई दिहल लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]