[the_ad_group id="30365"]

ऋषिकेश में चिल्ला पावर हाउस के लगे से अंकिता भंडारी के शव बरामद, 7 दिन पहिले भइल रहे हत्या

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तराखंड में रिसेप्शनिस्ट अंकिता भंडारी के शव हत्या के 7 दिन बाद बरामद कर लिहल गइल बा। पुलिस ऋषिकेश में चिल्ला पावर हाउस के लगे से अंकिता के शव बरामद कइलस। मृतक के पिता आ भाई अंकिता के शव के पहचान कइल लो।

शव के ऋषिकेश के एम्स ले जाइल गइल 

एसडीआरएफ अधिकारी कहले कि सबेरे 7:00 बजे से सर्च ऑपरेशन चलत रहे, हमनी के एगो महिला के शव बरामद कइनी सs। जवना के बाद अंकिता के परिजनन के बोलावल गइल। ऊ लोग शव के पहचान अंकिता भंडारी के तौर पs कइल। फिलहाल शव के ऋषिकेश के एम्स ले जाइल गइल बा।

19 बरिस के रिसेप्शनिस्ट अंकिता भंडारी के हत्या ममिला में हरिद्वार के बीजेपी नेता विनोद आर्य के बेटा पुलकित आर्य समेत तीन आरोपियन के गिरफ्तार कइल गइल बा। पौडी के श्रीकोट के रहे वाली अंकिता गंगा भोगपुर क्षेत्र में वनतारा रिजॉर्ट में रिसेप्शनिस्ट के तौर पs काम करत रहली आ बीतल 18-19 सितंबर से गायब रही।

पुलिस ममिला में तीन आरोपियन-रिजॉर्ट संचालक पुलकित आर्य, प्रबंधक सौरभ भास्कर आ सहायक प्रबंधक अंकित गुप्ता के गिरफ्तार कइलस। मुख्यमंत्री पुष्कर सिंह धामी द्वारा आरोपियन के खिलाफ सख्त कार्रवाई के आदेश के बाद प्रशासन अंकिता हत्याकांड के एगो आरोपी पुलकित आर्य के रिजॉर्ट पs बुलडोजर चला देलस।

मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, सीएम के विशेष प्रमुख सचिव अभिनव कुमार बतवले कि सीएम के आदेश पs पुलकित आर्य के ऋषिकेश के वनतारा रिजॉर्ट पs बुलडोजर चलावल गइल बा। ओहिजा सीएम के आदेश से आरोपियन के संपत्तियन पs कारवाई कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]