[the_ad_group id="30365"]

Ankita Murder Case: आरोपी के रिजॉर्ट पs आधा रात के चलल बुलडोजर, सीएम धामी देले कड़ा कार्रवाई के निरदेस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री पुष्कर सिंह धामी के आदेश पs आधा रात के अंकिता भंडारी के हत्या के आरोपी पुलकित के रिजॉर्ट पs बुलडोजर चलल। डीजीपी अशोक कुमार बतवले कि सीएम के आदेश के बाद पौड़ी प्रशासन आ पुलिस कार्रवाई शुरू कइलस। आधा रात में पुलिस टीम आरोपी के रिजॉर्ट के ध्वस्त करवावल शुरू कs देलस।

ओहिजा, अंकिता के हत्या के ममिला में सीएम सख्त कार्रवाई के निरदेस देले बाड़े। ऊ घटना के बहुते दुखद बतवले बाड़े। सीएम कहले कि जे केहूओ एह जघन्य अपराध के कइले बा, ओकरा के हर हाल में कड़ा सजा दिलावल जाई। पुलिस आपन काम कर रहल बिया। पीड़ित के न्याय दिलावल सुनिश्चित कइल जाई।

बता दीं कि अंकिता के हत्या के बात सामने अइला के बाद स्थानीय लोग रिजॉर्ट के अवैध निर्माण के शिकायतो कइले रहे। संगही लोग रिजॉर्ट के ध्वस्तीकरण के मांग पs अड़ल रहे। एसडीएम प्रमोद कुमार बतवले कि रिजॉर्ट के जेसीबी से तुड़ दिहल गइल बा।

आरोपी के रिजॉर्ट पs चलल बुलडोजर

स्थानीय लोगों वनंत्रा रिजॉर्ट के लेके कइयन गो सनसनीखेज खुलासा कइले कि रिजॉर्ट में अनैतिक काम होत रहे। रिजॉर्ट संचालक कर्मचारियन के संगे अभद्रता आ मारपीटो करत रहे।

रिजॉर्ट पs चलल बुलडोजर

लोग कहलस कि ऊ राज्यमंत्री के बेटा होखला के चलते दबंगई दिखावत रहे। वनंत्रा रिजॉर्ट के संचालक पुलकित आर्य अंकिता भंडारी के ग्राहक के संगे गलत काम करे के दबाव बनवले रहे। ऊ खुद एह बात के कबूल कइले बा। बाकिर स्थानीय लोगन के कहनाम बा कि रिजॉर्ट अनैतिक कामन के अड्डा रहे।

एही रिजॉर्ट में अंकिता काम करत रही

जब अंकिता अनैतिक काम करे से इंकार कs देलस तs ओकर हत्या करवा दिहल गइल। लोग बतावल कि रिजॉर्ट संचालक कर्मचारियन से अभद्रता आ मारपीट करत रहे। बाकिर कर्मचारी डर के चलते कुछ ना कहत रहले।। इहे कारण रहे कि इहां कर्मचारी कुछे समय में काम छोड़के चल जाते रहले।

रिजॉर्ट संचालक आ ओकर साथी एगो बेटी के जान लेले बाड़े सs। रिजॉर्ट में अनैतिक काम होत रहे। बाकिर राजस्व पुलिस कवनो कार्रवाई ना कइलस। होटल के ध्वस्त कइला के संगे स्थानीय राजस्व उपनिरीक्षक पs कार्रवाई होखे के चाहीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]