[the_ad_group id="30365"]

Animal Teaser : रणबीर कपूर के ‘एनिमल’ से सामने आइल धांसू लुक, एह दिन रिलीज होइ फिलिम के धमाकेदार टीज़र

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

एनिमल टीजर : रणबीर कपूर के फिलिम ‘एनिमल’ एह साल के सबले प्रतीक्षित फिलिमन में से एगो ह। अबहीं ले रउरा एह अभिनेता के फिल्मन में रोमांटिक एक्टर के रूप में देखले बानी बाकिर ‘एनिमल’ में रउरा अबले अभिनेता के सबले अलग लुक देखे के मिली। जबसे एह सिनेमा के एलान भइल बा तबसे प्रशंसक एकर टीजर देखे के इंतजार करत बाड़े। अब मेकर्स एह टीजर के रिलीज के एलान कs दिहले बाड़न जवना से प्रशंसकन के इंतजार खतम हो गइल बा। एकरा संगे रणबीर कपूर के नयका लुक भी सामने आईल बा, जवना के चलते प्रशंसक के बीच हलचल मच गईल बा।

एह दिन ‘एनिमल’ के टीजर रिलीज होखी

फिल्म के निर्देशक संदीप वांगा रेड्डी हालही में एगो नया पोस्टर जारी कइले बाड़न जवना में एह फिलिम के टीजर के एलान कइल गइल बा जवना में रणबीर कपूर के डैशिंग लुक देखल जा सकेला। नयका लुक में रणबीर के चश्मा पहिनले अवुरी सिगरेट पीयत देखाई देतारे। संदीप एह पोस्टर के शेयर करत घरी कहले बाड़न कि ‘एनिमल’ के टीजर रणबीर कपूर के जन्मदिन पs यानी 28 सितंबर के सबेरे दस बजे रिलीज होखी। टीजर डेट आ नया लुक के खुलासा भइला के बाद प्रशंसकन के उत्साह बढ़ गइल बा।

एह दिन ‘एनिमल’ रिलीज होखी

बता दीं कि ‘एनिमल’ के निर्माण भूषण कुमार आ कृष्ण कुमार के ‘टी-सीरीज’, मुराद खेतानी के ‘सिने1 स्टूडियो’ आ प्रणय रेड्डी वंगा के ‘भद्रकाली पिक्चर्स’ के बैनर तले बनल बा। एह फिलिम में रणबीर कपूर आ रश्मिका मंदाना के अलावे अनिल कपूर, तृप्ती दिमरी आ सौरभ शुक्ला जइसन प्रतिभाशाली सितारन के मौजूदगी के भी चर्चा हो रहल बा। ई 8 गो गाना वाला म्यूजिकल फिल्म होई, जवन देश भर में एक दिसंबर के हिंदी, तेलुगू, तमिल, कन्नड़, मलयालम में रिलीज होखे जा रहल बा। एह फिलिम से पहिले लेखक-निर्देशक संदीप रेड्डी वंगा ‘कबीर सिंह’ आ ‘अर्जुन रेड्डी’ जइसन फिलिमन में आपन प्रतिभा देखवले बाड़न।

 

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]