Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आंध्र प्रदेश: चलत बाइक पर गले लागल जोड़ा के पड़ल भारी, वीडियो वायरल होखले के बाद गिरफ्तार

663

आंध्र प्रदेश के विशाखापत्तनम में चलत बाइक पर एगो युगल के आलिंगन कइल भारी पड़ गइल। एकर वीडियो वायरल होखले के बाद पुलिस उनके गिरफ्तार कs लिहलस।

ई वीडियो विशाखापत्तनम के स्टील प्लांट रोड के बतावल जा रहल बा। एके एक कार के अंदर बइठल कौनो दूसर आदमी बनवले रहे। वीडियो में बाइक के टैंक पर बइठल युवती बाइक चलावत युवक के आलिंगन करत नजर आवत रहली। गिरफ्तार युवती के पहिचान के. शैलजा (19) अउर युवक के पहचान अजय कुमार (22) के रूप में भइल।

युगल के वीडियो वायरल भइले अउर ई विशाखापत्तनम पुलिस संज्ञान में लइले के तुरंत बाद उनके पकड़ लिहल गइल। पुलिस दूनों के खिलाफ लापरवाही से वाहन चलावे के मामला दर्ज कइले बा। पुलिस बाइको जब्त कs लिहले बा।

पुलिस आरोपियन के खिलाफ मोटर व्हीकल एक्ट के धारा 336, 279, 132 अउर 129 के तहत केस दर्ज कइले बा। पुलिस आयुक्त सीएच श्रीकांत बतवलें कि युवक-युवती के अभिभावकन के भी बुलावल गइल अउर उनके समझावल गइल।

425290cookie-checkआंध्र प्रदेश: चलत बाइक पर गले लागल जोड़ा के पड़ल भारी, वीडियो वायरल होखले के बाद गिरफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.