Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा कचहरी-मशरक-थावे रेलखंड पs चली आनंद बिहार टर्मिनल विशेष ट्रेन

17 मार्च के छपरा कचहरी से आ 18 मार्च के आनंद बिहार टर्मिनल से एक फेरा चक्कर लगाई स्पेशल ट्रेन।

478

मशरक: रेलवे प्रशासन द्वारा होली में होखे वाला यात्रियन के अतिरिक्त भीड़ के धेयान में राखत, यात्री जनता के सुविधा खातिर 05101/05102 छपरा कचहरी-आनन्द विहार टर्मिनल–छपरा कचहरी होली विशेष गाड़ी के संचालन छपरा कचहरी से 17 मार्च 2023 के आ आनन्द विहार टर्मिनल से 18 मार्च 2023 के 01 फेरा खातिर कइल जाई। एमे यात्रा करे वाला यात्रियन के कोविड-19 के सम्बन्ध में समय-समय पas जारी सब मानकन के पालन करे के होई।

का रही समय-सारणी?

गाड़ी सं-05101 होली विशेष गाड़ी: 17 मार्च 2023 सुक के छपरा कचहरी से सबेरे 08:00 बजे प्रस्थान कs के मढ़ौरा से 08:30 बजे, मशरक से 08:52 बजे, दिघवादुबौली से 09:25 बजे, सिधवलिया से 09:42 बजे, थावे से 11:10 बजे, तमकुही रोड से 11:44 बजे, पडरौना से 12:20 बजे, कप्तानगंज से 13:07 बजे, गोरखपुर से 14:40 बजे, खलीलाबाद 15:20 बजे, बस्ती से 15:50 बजे, गोंडा से 17:15 बजे, बुढवल से 18:20 बजे, सीतापुर से 20:20 बजे छुटके दूसरका दिने बरेली से 00:02 बजे, मुरदाबाद से 01:48 बजे, गाजियाबाद से 04:25 बजे छुटके 05:00 बजे आनन्द विहार टर्मिनल पहुँचीं।

वापसी यात्रा में गाड़ी सं-05102 होली विशेष गाड़ी 18 मार्च, 2023 सनीचर के आनन्द विहार टर्मिनल से सबेरे 07:00 बजे प्रस्थान कs के गाजियाबाद से 07:32 बजे, मुरादाबाद से 10:48 बजे, बरेली से 12:30 बजे, सीतापुर से 16:15 बजे, बुढवल से 18:20 बजे, गोंडा से 19:30 बजे, बस्ती से 20:45 बजे, खलीलाबाद से 21:12 बजे, गोरखपुर से 22:30 बजे, कप्तानगंज से 23:28 बजे छुटके दूसरका दिन पडरौना से 00:14 बजे, तमकुही रोड से 00:52 बजे, थावे से 01:55 बजे सिधवलिया से 02:55 बजे, दिघवादुबौली से 03:12 बजे, मशरक से 03:45 बजे, मढ़ौरा से 04:07 बजे छुटके 04:40 बजे छपरा कचहरी पहुचीं।

एह गाड़ी के संरचना में सामान्य श्रेणी के 20 आ एस एल आर डी के 02 कोचन समेत कुल 22 कोच लागी।

481190cookie-checkछपरा कचहरी-मशरक-थावे रेलखंड पs चली आनंद बिहार टर्मिनल विशेष ट्रेन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.