Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

कच्चा होला पs मीठ लगेलाs ई फल, पकले पs हो जाला खट्टा! जानीं एके काहें आ कब खाईं?

1,648

बाजार में रउरा के एs फल कुल्ही मौसम में मिल जाई। एs फल के रउरा फ्रूट चाट में देखत होखब तs कबो आप एकरs जूसो पीइत होखब। एकरे अलावा ई फल पाचनक्रिया के तेज क‌इले में मददगार हs आ पीरियड्स ज‌इसन समस्या से निपटे में मदद करेला। एतनो ना , ए फल के खास बात ई हs कि ई शरीर में कुछू एंजाइम्स के बढ़ा देला जवन के रउरा कई‌ गो बीमारियन से बच‌वले में मदद क‌s सकेला। एतने नाहीं ई फल कफ एंड कोल्ड आ अर्थराइटिस ज‌इसन समस्या के कम क‌इले में मददगार हs। तs, आई जानी जा फल के काहें खाई आ कब खाई। ओसे पहिले जानी अइसन कवन फल बा जवन कच्चा होइले पs मीठ होला।

अइसन कवन फल हs जवन कच्चा हो‌ले पs मीठ लगेला आ पकले पs खट्टा लगेला

अनानास (pineapple) अइहन फल हs जवन के कच्चा होले पs मीठ होला आ जब पाक जाला तs ई खट्टा हो जाला। एकर खास बात ई हs एमें पाइल जाए वाला एंजाइम ब्रोमेलैन (Bromelain)। एकरे अलावा एमें विटामिन सी, विटामिन बी, मैंगनीज आ फाइबर होलाs ।  ई तमाम चीज कईगो बीमारी से बचाव में मदद करेला आ सेहतमंद रखले में मददगार होला।

*अनानास के ब्रोमेलैन (Bromelain) एंटीइंफ्लेमेटरी गुणन से भरपूर होला जवन के शरीर में सूजन रोकले में मददगार हs। ई अर्थराइटिस के समस्या वालन लोगन के खातिर अच्छा होला।

*ई हड्डियन के हेल्दी रखेला आ एकर कॉपर, जिंक आ कैल्शियम हड्डी घनत्व बढ़ावेला ।

*एकरे अलावा विटामिन सी आ फाइबर से भरपूर होला जवन कज डाइजेशन के बेहतर बन‌वले में मददगार होला।

*जवन लोगन के बीपी हाई रहेला ओकरी खातिर पोटेशियम से भरपूर ई फल फायदेमंद होला।

*अनानास में विटामिन सी होला हs एसे सुबेरे खाली पेट ख‌इले से बचीं। बाकिर रउरा एके दिन में खा सकेनी आ फेरु ईवनिंग स्नैक्स के रूपे में खा सकेनी।

 

(ये आर्टिकल सामान्य जानकारी खातिर बा, कवनो उपाय के अपन‌वले से पहिले डॉक्टर से परामर्श अवश्य लेंईं)

 

 

 

 

 

764360cookie-checkकच्चा होला पs मीठ लगेलाs ई फल, पकले पs हो जाला खट्टा! जानीं एके काहें आ कब खाईं?

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.