कच्चा होला पs मीठ लगेलाs ई फल, पकले पs हो जाला खट्टा! जानीं एके काहें आ कब खाईं?

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 14, 2024

बाजार में रउरा के एs फल कुल्ही मौसम में मिल जाई। एs फल के रउरा फ्रूट चाट में देखत होखब तs कबो आप एकरs जूसो पीइत होखब। एकरे अलावा ई फल पाचनक्रिया के तेज क‌इले

Share

बाजार में रउरा के एs फल कुल्ही मौसम में मिल जाई। एs फल के रउरा फ्रूट चाट में देखत होखब तs कबो आप एकरs जूसो पीइत होखब। एकरे अलावा ई फल पाचनक्रिया के तेज क‌इले में मददगार हs आ पीरियड्स ज‌इसन समस्या से निपटे में मदद करेला। एतनो ना , ए फल के खास बात ई हs कि ई शरीर में कुछू एंजाइम्स के बढ़ा देला जवन के रउरा कई‌ गो बीमारियन से बच‌वले में मदद क‌s सकेला। एतने नाहीं ई फल कफ एंड कोल्ड आ अर्थराइटिस ज‌इसन समस्या के कम क‌इले में मददगार हs। तs, आई जानी जा फल के काहें खाई आ कब खाई। ओसे पहिले जानी अइसन कवन फल बा जवन कच्चा होइले पs मीठ होला।

अइसन कवन फल हs जवन कच्चा हो‌ले पs मीठ लगेला आ पकले पs खट्टा लगेला

अनानास (pineapple) अइहन फल हs जवन के कच्चा होले पs मीठ होला आ जब पाक जाला तs ई खट्टा हो जाला। एकर खास बात ई हs एमें पाइल जाए वाला एंजाइम ब्रोमेलैन (Bromelain)। एकरे अलावा एमें विटामिन सी, विटामिन बी, मैंगनीज आ फाइबर होलाs ।  ई तमाम चीज कईगो बीमारी से बचाव में मदद करेला आ सेहतमंद रखले में मददगार होला।

*अनानास के ब्रोमेलैन (Bromelain) एंटीइंफ्लेमेटरी गुणन से भरपूर होला जवन के शरीर में सूजन रोकले में मददगार हs। ई अर्थराइटिस के समस्या वालन लोगन के खातिर अच्छा होला।

*ई हड्डियन के हेल्दी रखेला आ एकर कॉपर, जिंक आ कैल्शियम हड्डी घनत्व बढ़ावेला ।

*एकरे अलावा विटामिन सी आ फाइबर से भरपूर होला जवन कज डाइजेशन के बेहतर बन‌वले में मददगार होला।

*जवन लोगन के बीपी हाई रहेला ओकरी खातिर पोटेशियम से भरपूर ई फल फायदेमंद होला।

*अनानास में विटामिन सी होला हs एसे सुबेरे खाली पेट ख‌इले से बचीं। बाकिर रउरा एके दिन में खा सकेनी आ फेरु ईवनिंग स्नैक्स के रूपे में खा सकेनी।

 

(ये आर्टिकल सामान्य जानकारी खातिर बा, कवनो उपाय के अपन‌वले से पहिले डॉक्टर से परामर्श अवश्य लेंईं)

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.