[the_ad_group id="30365"]

छपरा: मंदिर के जीर्णोद्धार ला कइल गइल अहम बइठक, सईयन लोग लेलस बईठक में हिस्सा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जइसन कि लोगन के मानल बा इहां सांच मन से पूजा याचना करे से होला लोगन के सब मुराद पूरा।

छपरा (बिचला तेलपा): सइयन बरिस पुरान ई देवो मंदिर अब जीर्ण शीर्ण अवस्था मे बा जवना के लेके स्थानीय लोग मंदिर के जीर्णोद्धार ला मंदिरे के परिषरे में एगो बइठक कइलस, जेमे सइयन से बेसी ग्रामीण भाग लिहल लो। ओजा सभे मंदिर के नाया निर्माण ला सभे आपन-आपन राय राखल आ सर्वसम्मति से सब केहु ने मंदिर के नाया  निर्माण खातिर संकल्प लिहल।


बइठक में सभे लोग मंदिर निर्माण ला धन राशि इक्कट्ठा करे के बातो कहल। एह बइठक में सर्वसम्मति से सभे धर्मेन्द्र कुमार पाठक उर्फ लडू बाबा के पइसा के खरचा के हिसाब के जिम्मा देलस।

एह बइठक में संजय पाठक, मनोज पाठक ,मिट्ठू राय, कामता राय, सच्चित्ता पाठक, सुभाष सिंह, शुशील ठाकुर, लालू राय, हर्षबर्धन पाठक, विजय पाठक, कमलेश मिश्रा, गौरी राय, सहित सइयन ग्रामीण मवजूद रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]