Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

छपरा: मंदिर के जीर्णोद्धार ला कइल गइल अहम बइठक, सईयन लोग लेलस बईठक में हिस्सा

छपरा शहर के बिचला तेलपा इस्थित सैकड़न साल पुरान महरानी स्थान मंदिर जहां दूर दूर से आइल करेले  श्रद्धालु।

149
सीवान इन्शुरेंस 720 90

जइसन कि लोगन के मानल बा इहां सांच मन से पूजा याचना करे से होला लोगन के सब मुराद पूरा।

छपरा (बिचला तेलपा): सइयन बरिस पुरान ई देवो मंदिर अब जीर्ण शीर्ण अवस्था मे बा जवना के लेके स्थानीय लोग मंदिर के जीर्णोद्धार ला मंदिरे के परिषरे में एगो बइठक कइलस, जेमे सइयन से बेसी ग्रामीण भाग लिहल लो। ओजा सभे मंदिर के नाया निर्माण ला सभे आपन-आपन राय राखल आ सर्वसम्मति से सब केहु ने मंदिर के नाया  निर्माण खातिर संकल्प लिहल।


बइठक में सभे लोग मंदिर निर्माण ला धन राशि इक्कट्ठा करे के बातो कहल। एह बइठक में सर्वसम्मति से सभे धर्मेन्द्र कुमार पाठक उर्फ लडू बाबा के पइसा के खरचा के हिसाब के जिम्मा देलस।

Middle Yayawari

एह बइठक में संजय पाठक, मनोज पाठक ,मिट्ठू राय, कामता राय, सच्चित्ता पाठक, सुभाष सिंह, शुशील ठाकुर, लालू राय, हर्षबर्धन पाठक, विजय पाठक, कमलेश मिश्रा, गौरी राय, सहित सइयन ग्रामीण मवजूद रहे लो।

242710cookie-checkछपरा: मंदिर के जीर्णोद्धार ला कइल गइल अहम बइठक, सईयन लोग लेलस बईठक में हिस्सा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.